पर्सा के गौरव बढ़ावे वाला सात गो प्रतिभा सम्मानित, काठमांडू में भव्य रूप से मनावल गइल २५ वाँ पर्सा दिवस

पर्सा के गौरव बढ़ावे वाला सात गो प्रतिभा सम्मानित, काठमांडू में भव्य रूप से मनावल गइल २५ वाँ पर्सा दिवस

काठमांडू ६ अगहन 

पर्सा मिलन केन्द्र, काठमांडू के आयोजन में २५वाँ पर्सा दिवस–२०८३ तथा सम्मान समारोह भव्य रूप से सम्पन्न भइल। एह अवसर पर समाज के अलग-अलग क्षेत्र में उल्लेखनीय योगदान देवे वाला पर्सा जिला के सात गो विशिष्ट व्यक्तित्व के सम्मानित कइल गइल।

वि.सं. २००७ साल कात्तिक २६ गते पर्सा जिला से शुरू भइल जनक्रान्ति के गौरवशाली इतिहास के स्मरण करत पर्सा मिलन केन्द्र २०५५ साल से हर साल कात्तिक २६ गते पर्सा दिवस मनावत आ रहल बा। एही परम्परा के निरन्तरता देत एह साल २५वाँ पर्सा दिवस तथा सम्मान समारोह काठमांडू के नया बानेश्वर में आयोजित कइल गइल।

पर्सा मिलन केन्द्र के अध्यक्ष गोविन्द प्रसाद नेपाल के अध्यक्षता आ प्रा. डा. पृथ्वीराज लिगल के प्रमुख आतिथ्य में सम्पन्न समारोह में सात गो व्यक्तित्व के उनकर योगदान के आधार पर सम्मानित कइल गइल।

सम्मानित होखे वाला लोग में सञ्चार, विज्ञान तथा प्रविधि क्षेत्र से श्री निरञ्जन मिश्र, सामाजिक सेवा क्षेत्र से श्री राजकृष्ण अमात्य, स्वास्थ्य क्षेत्र से डा. श्री लक्ष्मी थापा, खेलकुद क्षेत्र से श्री अफताब आलम, कला, साहित्य तथा संस्कृति क्षेत्र से श्री अशोक प्रधान, शिक्षा क्षेत्र से श्री मुखदेव प्रसाद साह कानु आ उद्योग तथा व्यवसाय क्षेत्र से श्री गोपाल केडिया शामिल रहलें।

श्री निरञ्जन मिश्र के २७ वर्ष से अधिक पत्रकारिता अनुभव के साथे सत्य, तथ्य आ निष्पक्ष सूचना सम्प्रेषण तथा सामाजिक सेवा में योगदान खातिर सम्मानित कइल गइल। ओहिजा श्री राजकृष्ण अमात्य के प्रजातान्त्रिक आन्दोलन, सहकारी विकास, श्रमिक हकहित आ सामाजिक उत्थान में योगदान खातिर सम्मान मिलल।

स्वास्थ्य क्षेत्र में ३३ वर्ष से अधिक समय से प्रसूति तथा स्त्रीरोग स्वास्थ्य सेवा आ महिला सशक्तीकरण में योगदान देवे वाली डा. श्री लक्ष्मी थापा सम्मानित भइली। खेलकुद क्षेत्र में राष्ट्रिय तथा अन्तर्राष्ट्रिय तेक्वान्दो प्रतियोगिता में पदक आ छह बेर Best Player Award हासिल करे वाला श्री अफताब आलम के सम्मानित कइल गइल।

एही तरह गायन, संगीत सिर्जना, शास्त्रीय संगीत प्रशिक्षण तथा स्थानीय कला-संस्कृति के संरक्षण में योगदान खातिर श्री अशोक प्रधान सम्मानित भइलें। शिक्षा क्षेत्र में विद्यालय स्थापना खातिर पाँच कठ्ठा निजी जमीन दान करे आ ग्रामीण क्षेत्र में शैक्षिक पहुँच बढ़ावे में योगदान खातिर श्री मुखदेव प्रसाद साह कानु के सम्मान मिलल। जबकि उद्योग, व्यापार, सहकारी विकास तथा सामाजिक उत्तरदायित्व के माध्यम से वीरगञ्ज के आर्थिक आ सामाजिक विकास में योगदान खातिर श्री गोपाल केडिया सम्मानित भइलें।

समारोह में वक्तालोग जन्मभूमि पर्सा के पहचान, प्रतिष्ठा आ गौरव बढ़ावे वाला व्यक्तित्व के सम्मान कइल सराहनीय पहल बतावत कहलें कि अइसन कार्यक्रम से समाज में सकारात्मक सोच, सामाजिक जिम्मेवारी आ समाज खातिर कुछ करे के भावना मजबूत होला।

कार्यक्रम सफल बनावे में प्रत्यक्ष आ अप्रत्यक्ष रूप से सहयोग करे वाला प्रमुख अतिथि, सभाध्यक्ष, सम्मानित व्यक्तित्व, अतिथिगण, संस्थाका सल्लाहकार, पदाधिकारी, सदस्य तथा सम्पूर्ण सहयोगी लोग के पर्सा मिलन केन्द्र के ओर से आभार व्यक्त कइल गइल।

कार्यक्रम के सम्बन्ध में पर्सा मिलन केन्द्र के महासचिव ललन प्रसाद साह जारी देहनी

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।