वृद्धाश्रम के ५० हजार आर्थिक सहजोग

भोटा. संवाददाता
वीरगंज २२ असाढ,
पर्सा के ठोरी गाँवपालिका–१ मे रहल असहाय तथा वृद्धवृद्धा कल्याण समाज के ५० हजार रोपेया आर्थिक सहजोग भईल बा ।
कपुरबोट मिडिया प्रालि के अध्यक्ष सन्तोष देउजा आश्रम के संरक्षक आशबहादुर गुरुङ के उ सहजोग राशी हस्तान्तरण कईले बानी ।

आश्रम मे रहल अशक्तलोग के खातिर जरुरी खाद्यान्न आ लत्ताकपडा खरिद करे खातिर उ रोपेया सहजोग कईल उ बतवनी । आश्रम मे अभी १८ जने असहाय आ वृद्धवृद्धालोग रहल संरक्षक गुरुङ बतवनी ।
देउजा ठोरी–१ स्थित दिपकनगर प्राविधिक विद्यालय के क्वारेन्टिन मे खटल स्वास्थ्यकर्मी के खातिर ४ थान पीपीई भी सहजोग कईले रहलन ।






