कम उमिर मे सामाज सेवा मे उदाहरणीय भईलें शनि गुप्ता

अजय चौरसिया

कम उमिर मे हि समाज सेवा मे उदाहरणीय काम करके समाज, नगर एवं जिल्ला मे हि नाम कमाए मे सफल भईल आदमी बाडन शनि गुप्ता । बारा जिल्ला के सिम्रौनगढ नगरपालिका वार्ड नं. ७ के रहनिहार हउवन सन्नी गुप्ता ।

२०५२ साल भादो महिना के १० गते बाबु मनोज कुमार आ माई मिना देवी के एगो सन्तान के रुपमे जनम लेहनी ।
मध्यम वर्ग मे जनमल गुप्ता के दु गो बहिन निशा आ शुश्मा बाडि । शनि गुप्ता अभी २५ बरीस के भईल बाडन ।

गाँव के हि श्री नेपाल राष्ट्रिय माध्यमिक विद्यालय खजानी–७ से एसएलसी देहला के बाद उच्च शिक्षा के खातिर पेन्टागन ईन्टरनेश्नल कलेज काठमाण्डु मे कमर्स फ्याकेल्टी से प्लस टु कइनी । पढाई के शिलसिला मे भारत के दिल्ली लगायत के कलेजसब मे पढत एगो समाजसेवी के रुपमे काम करत आईल बानी गुप्ता ।

एतना कम उमिर मे हि समाज मे रहल विकृति, विसंगती, भ्रष्टाचार के विरुद्ध जोडदार आवाज उठावत आज आपन गाँव, समाज, नगर आ जिल्ला मे हि एगो समाजसेवी के रुपमे परिचित भईल बाडन ।

गुप्ता समाजसेवी के साथ साथे विद्यार्थी राजनीति मे भी चमकता सितारा भईल बाडन ।
गुप्ता २०७० साल मे गठन भईल युवा बिद्यार्थी संघर्ष समिती सिम्रौनगढ (प्रदेश २) के उपाध्यक्ष पद मे रहके समाजिक काम करत आईल बाडन ।

दशको से बने ना सकल गण्डक नहर बनावे खातिर सरकार एवं सम्बन्धित निकाय मे दबाव देत २०७१÷६÷१८ गते उपाध्यक्ष पद मे हि रह के आपन नेतृत्व मे आन्दोलन के बिगुल फुँकनी ।

आन्दोलन के दौरान गुप्ता के नेतृत्व मे रहल विद्यार्थीलोग के समुह कैयन दिन भुखे पियासे सडक अवरुद्ध करके आन्दोलन कइलन ।

आन्दोलन के समय बिपक्षी एवं विकास बिरोधीलोग कैयन बेर ज्यान मारेके धम्की भी देहलन । माकिर गुप्ता धम्की के पारवाह ना करके रात के समय भईंस के घारी मे सुतस माकिर दिनभर रोडपर बईठके आपन आन्दोलन के उचाई मे पुगलन ।


इहे आन्दोलन के समय २०७१ ÷०६÷२५ गते के दिन आन्दोलनकारी आ पुलीस बिच झडप भी भईल । इहे झडप के समय मे पुलीस से चलावल गोली लाग के स्थानिय जयनारायन पटेल सहिद भइनी ।

शहिद भईला के बाद स्थानिय प्रशासन आ सम्बन्धित निकाय बिच एगो सहमती भईल आ आन्दोलन बन्द हो गईल । सहमती मुताविक अभी तक रोड के काम ना भईला से अभी भी गुप्ता नगरपालिका, प्रदेश सरकार एवं संघिय सरकार के दबाव देवे खातिर अनेकन प्रयास करत बानी ।

एहितरे आर्थिक एस्थिती कमजोर भईला के चलते २०७२ साल भादो ९ गते Company Prodelcon SDN BHD।कमल।दजम मे मलेशिया मे काम करे गईनी ।
२०७३ साल मे मलेसिया मे बढिया कामदार के रुप मे स्थापित भइनी आ लगातार २ साल ९ महिना काम कईला के बाद देश के माया सहे ना सकला के बाद अन्त मे २०७५ साल मे आपन देश नेपाल अईनी ।

ओकरा बाद उपाध्यक्ष पद मे हि रहके २०७५÷०५÷०३ गते से झवानी गाँव मे होत आईल समाजिक विकृति विरुद्ध आपन आवाज बुलन्द कइनी ।

झवानी गाँव मे सदियो से होत आईल छुवाछुत विरुद्ध कडा रुप मे प्रस्तुत भइनी । २०७५÷६÷१८ गते के दिन विद्यार्थी संगठन से गुप्ता आपन नेतृत्व मे जुलुस भी निकलले रहनी । जउना मे बडका जात कहेवाला लोग ज्यान मारेके धम्की भी देहलन ।

माकिर अन्त मे सच्चाई के जित होला ओहितरे गुप्ता के नेतृत्व मे रहल टिम जित हासिल कईलख ।

जउना के चलते झवानी गाँव के चमार, दुसाद लगायत छोट जाति के लोग के मन्दिर मे पुजापाठ करेके शौभाग्य प्राप्त भईल ।

एहितरे सिम्रौनगढ नगरपालिका से कईल भ्रष्टाचार आ कर्मचारीलोग से करत आईल अनियमित्ता विरुद्ध लडाइँ २०७५÷०६÷०७ से सुरु कईलें गुप्ता ।

ओकरा बाद नगरपालिका मे बहुते सुधार आईल । अभी भी कुछ भ्रष्टाचार आ अनियमित्ता बा ओकरा मे दिनरात एक करके सुधार करे खातिर लागन बाडन ।

अन्ततः २०७५ मे संगठन नगरपालिका भर भ्रष्टाचार विरुद्ध भणडाफोर आभियान चलवलख जउना मे गुप्ता के संगठन मेरुदण्ड के उपाधि देहलख आ जनता से एगो सच्च समाजसेवी एवं जन नायक के उपाधि मिलल ।

२०७५÷१०÷१५ गते डोजर से सिम्रौनगढ के ऐतिहासिक रानिवास मन्दिर (रामजान्की) भसकावे लागल समय रोकला पर सिम्रौनगढ नगरपालिका के उप–मेयर रिमा देबी के मरद जयन्त कुश्ववाहा शनि गुप्ता उपर हाथपात कईलन ।

माकिर गुप्ता हार ना मान के आपन ज्यान के पारवाह ना करत एगो निडर आ सच्चा नागरिक के कर्तव्य पालन करत आपन नगरके ऐतिहासिक सांस्कृतिक सम्पदा बचावे मे सफल भइनी ।

२०७६ साल भादो ९ गते के दिन बीरगंज के युवा समाजसेवीलोग कपडा बैंक खोलला पर पर्सा के प्रमुख जिल्ला अधिकारी युवालोग के थुना मे राख देम कहके धम्की देहला पर भी सिडियो विरुद्ध आ जनता के हित के खातिर बात कईला पर तीन दिन तक थुना मे भी रहनी माकिर कपडा बैंक खोलेमे सफल भइनी ।

गुप्ता आपन मातृ भाषा के संरक्षण मे लागला के चलते २०७६ साल माघ ३ गते विश्व भोजपुरी परिसद उत्तर प्रदेश इकाई से आयोजना कईल भोजपुरी साहित्य समेल्न समान समारोह मे श्री मुनिलाल बलिका लघु माध्यामिक बिद्यालय मिश्रौलिया पत्रालय बन्कुल जिला देवरिया (उतर परदेश) मे भईल कार्जक्रम मे भोजपुरी कवि रत्न समान्न २०२० से सम्मानित भी भइनी ।

देश मे कोरोना भाइरस के महामारी चल रहल समय २०७७÷०१÷२७ गते शनि गुप्ता के अध्यक्षता मे युवा बिद्यार्थी संघर्ष समिति प्रदेश नं. २ सिम्रौनगढ नगरपालिका सँगे समन्वय करके नगरपालिका के हरेक टोल मे हेल्प डेस्क संचालन कइले बानी ।

टोल के हरेक घर मे पुग के समस्या सुनत कुछ समस्या खुदे समाधान कइनी आ बाकी सम्बन्धित निकाय मे पुगा के समाधान करेके प्रयास कर रहल बानी ।

गुप्ता के पडोसी प्रदेश नं. २ के सभामुख सरोज यादव आ उप–मेयर गाँव के भईला पर भी सुनि गुप्ता आपन एगो अलग पहिचान बनावे मे सफल भईल बानी ।

एतने हि ना आवेवाला दिन मे गाँव, समाज, नगर, जिल्ला होत देश के हकहित के खातिर दिनरात एक करके लागेके प्रण भी लेहल गुप्ता भोजपुरी टाइम्स के प्रकाशक अजय चौरिसया से बातचीत के दौरान बतवले बानी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।