पकाहामैनपुर गाँवपालिका के चउथका गाँवसभा पुरा

वीरगंज ३१ असाढ
पर्सा जिल्ला के पकाहामैनपुर गाँवपालिका के चउथका गाँवसभा से नीति तथा कार्जक्रम बहुमत से पारित कईल जनावल गईल बा ।
पकाहामैनपुर गाँवपालिका वार्ड नं. ३ मे आजु भईल गाँवसभा के बहुमत से आजु नीति तथा कार्यक्रम पारित कईल जनावल गईल बा ।
गापा अध्यक्ष विजयकुमार चौरसिया आव २०७७÷०७८ के नीति तथा कार्जक्रम प्रस्तुत कईले रहनी ।
गाँवसभा मे नीति तथा कार्जक्रम प्रस्तुत करत गापा अध्यक्ष चौरसिया कृषि, शिक्षा, स्वास्थ्य, भौतिक पूर्वाधार निर्माण, जनानी सशक्तीकरण आ सामाजिक विकास के काम मे गापा प्राथमिकता देहल उल्लेख कईल गईल बा ।
उ गापा से आव २०७७÷०७८ मे ३५ बरीस से उमिर बढल अविवाहित तथा एकल जनानी के जीवनयापन के खातिर गापा मासिक रु १ हजार सामाजिक सुरक्षा भत्ता उपलब्ध करावे के घोषणा कइनी ।
उ उत्कृष्ट काम करेवाला कर्मचारीलोग के प्रोत्साहन भत्ता देवेके घोषणा करत कोभिड–१९ रोकथाम के खातिर गापा अभी क सञ्चालन कईल काम के निरन्तरता देत, कृषि क्षेत्र के अगाडि बढावे खातिर व्यावसायिक तरकारीखेती करेवाला किसान के प्रोत्साहन करेके, गापास्तरीय खेलकूद विकास समिति गठन करेके, सडक के स्तरोन्नति करेके लगायत के कार्जक्रमसब प्रस्तुत कईले रहनी ।
गाँवसभा से अनुमानित ३२ करोड ९ लाख ७८ हजार ९७० रोपेया बराबर के आयरव्यय प्रस्तुत कईल जनावल गईल बा ।
गाँवसभा मे कुछ बातसब ना मिलला के चलते आर्थिक प्रतिवेदन स्विकृत होखे ना सकल जनावल गईल बा ।
जलदी हि कार्यपालिका के सभी सदस्यलोग से छलफल करके आव २०७७÷०७८ के प्रतिवेदन पास करेके अध्यक्ष चौरसिया बतवले बानी ।






