राजु सदा सहित तीन परिवार के प्रदेश सरकार ५ लाख देहलख

जनकपुरधाम १ सावन

प्रदेश २ सरकार आइसोलेसन मे छटपटा के मृत्यु भईल राजु सदा सहित तीन जने के परिवार के आर्थिक सहजोग कईले बा ।

सरकार से घोषणा कईल मुताविक धनुषा के हंसपुर नगरपालिका ७ के राजु सदा, सीमा मे भुख से तडप के ज्यान गुमावेवाला, शहीद नगरपालिका ९ के वीरेन्द्र गुरमैता यादव आ प्रहरी हिरासत मे फाँसी लागल अवस्था मे मृत मिलल सबैला नगरपालिका १२ के शम्भु सदा के परिवार के सहजोग उपलब्ध करवले बा ।
तीनु जने के परिवार के ५ लाख रोपेया के दर से सहजोग उपलब्ध करावल बा ।

मुख्यमन्त्री लालबाबु राउत खुद तीनु जने के घर पुग के उलोग के परिवार के चेक हस्तान्तरण कईले बाडन ।

चेक हस्तान्तरण करत मुख्यमन्त्री राउत प्रदेश सरकार से क्षमता मुताविक के सहजोग उपलब्ध करावल बतवनी ।

उ घटना मे दोषी देखल गईल लोग के कारवाही करावे खातिर प्रदेश सरकार हर सम्भव प्रयास करेके प्रतिवद्धता भी जनवले रहनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।