पर्सा मे आउर तीन जने मे कोरोना संक्रमण पुष्टि

वीरगंज ०२ सावन

पर्सा जिल्ला मे आजु आउर तीन जने मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल बा ।

बीरगंज मे दु जने युवती सहित जिल्ला मे आउर तीन जने मे कोरोना संक्रमण के पुष्टि भईल नारायणी अस्पताल के मेडिकल सुपरिटेण्डेण्ट डाक्टर मदन उपाध्याय जानकारी देहले बानी ।

संक्रमण होखेवाला मे पर्सा के सखुवा प्रर्सौैनी गाँवपालिका के २२ बरीस के पुरुष, वीरगंज श्रीपुर के १८ बरीस के युवती आ काठमाण्डु स्थायी ठेगाना भइल बीरगंज मे काम करत आईल ४५ बरीस के जनानी रहल उपाध्याय बतवनी ।

उलोग के बितल असाढ ३१ गते स्वाब सँकलन करके नारायणी अस्पताल मे पिसिआर परिक्षण कईला मे संक्रमण देखल गईल बा ।

संक्रमण पुष्टि भईल तीनु जने क नारायणी अस्पताल मातहत रहल अस्थायी बिशेष कोभिड अस्पताल गण्डक मे लियावल गईल अस्पताल स्रोत जनवले बा ।

पिछिलका समय वीरगंज मे लक्षणसहित के संक्रमितलोग देखाई देवे लागल बाडन ।

कुछ दिन पहिले आउर कउनो स्वास्थ्य समस्या ना भईल आदमी मे कोरोना के लक्षण देखल गईला के बाद आइसियू मे राख के ईलाज कईला पर मृत्यु भी भईला से कोराना भाइरस पहिले से शक्तिशाली भईल चिकित्सकलोग के कहनाम रहल बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।