आउर १५६ जने मे कोरोना संक्रमण, ५८ जने डिस्चार्ज

काठमाण्डु ४ सावन
एतवार के दिने नेपाल मे आउर १५६ जने मे कोरोना संक्रमण देखल गईल बा ।
स्वास्थ्य तथा जनसंख्या मन्त्रालय के मुताविक अभी तक कोरोना संक्रमित के संख्या १७ हजार ६५८ पुगल बा ।
वितल २४ घण्टा मे देशभर के २७ गो प्रयोगशाला से ३ हजार ७४१ जने के पीसीआर विधि से कोरोना संक्रमण परीक्षण कईल रहे ।
एतवार के दिने कोरोना संक्रमण ठिक होके ५८ जने डिस्चार्ज भईल बाडन । अभी तक ११ हजार ६९५ जने डिस्चार्ज भईल बाडन ।
मन्त्रालय के मुताविक एतवार के सबसे बेसी सप्तरी मे ३२ जने संक्रमित मिलल बाडन ।
एहितरे कैलाली मे २४ जने, सर्लाही मे २३ जने, बर्दिया आ नवलपरासी मे १०÷१० जने, पर्सा मे ७ जने, कास्की, लमजुङ आ म्याग्दी मे ६÷६ जने, बाँके आ दाङ मे ५÷५ जने मे कोरोना संक्रमण देखल गईल बा ।
ललितपुर, सर्लाही आ रौतहट, स्याङ्जा, रुपन्देही आ डडेल्धुरा मे २÷२ जने मे संक्रमण देखल गईल बा ।
सुनसरी, सिरहा, बारा, काठमाण्डु, मोरङ, मकवानपुर, बागलुङ, पर्वत, प्युठान आ सल्यान मे १÷१ जने मे संक्रमण देखल गईल बा ।
८ जिल्ला मे शून्य संख्या
मन्त्रालय के प्रवक्ता डा. जागेश्वर गौतम के मुताविक ८ जिल्ला मे अभी कोरोना संक्रमित नइखे ।
भोजपुर पाँचथर धनकुटा रसुवा, मनाङ, मुस्ताङ हुम्ला आ जुम्ला मे अभी संक्रमित नईखन ।
रौतहट, कैलाली आ बाजुरा मे ५ सय से बेसी सक्रिय संक्रमित रहल बाडन ।






