१३ बरीस के बाद पकडईलें अपहरण काण्ड के योजनाकार

काठमाण्डु ४ सावन
पुलीस १३ बरीस पहिले अपहरण के बाद हत्या कईल अभियोग लागल आदमी के पकडल गईल बा ।
पकडाएवाला मे भारत के मुजफफरपुर, नगरखाना आखाडाघाट के राजेशकुमार गुप्ता बाडन ।
महानगरीय अपराध अनुसन्धान महाशाखा, बानेश्वर के टोली उनका के सर्लाही के मलंगवा से विशेष सुराकी के आधार मे पकडले बा ।
महाशाखा के प्रमुख एसएसपी दीपककुमार थापा के मुताविक २४ कुवार २०६४ मे राई स्कुल जोरपाटी के किलास ७ मे अध्ययन करेवाला रोहित गुप्ता अपहरण मे पडल रहलन ।
ओकरा बाद अपरिचित आदमी से फुन करके २ लाख ५० हजार रोपेया फिरौती मँगले रहलन ।
माकिर रोपेया देहला के बाद भी बालक अपहरणमुक्त ना भईलन, तीन दिन के बाद कमलादीस्थित गणेश मन्दिर लगे सडक के किनार मे प्लास्टिक के बोरा मे बान्ह के बिगल अवस्था मे लास मिलल ।
अनुसन्धान मे समय मे लईका के अपहरण तथा हत्या उनकरे सहोदर मामा गुप्ता के योजना मे भईल खुलल रहे ।
धादिङ के विष्णु सुनार सहित के संलग्नता मे जादु सिखावे के बहाना करके उनका के अपहरण कईल मिलल एसएसपी थापा बतवनी ।
थापा के मुताविक कोठरी मे बच्चा चिचियावे लागला पर रुमाल से मुह बन्द करके गोड दाब के लईका के हत्या कईल मिलल रहे ।
ई घटना के बाद हि उ बाबु से फिरौतीबापत रोपेया लेहल मिलल रहे ।
एसपी ईश्वर कार्की के मुताविक गुप्ता हि परिवार के ओरी से थानकोट त्रिभुवन पार्क तक फिरौती के रोपेया लेगईल रहलन ।
उहाँ अपरिचित आदमीसब ट्याक्सी मे आके रोपेया लेगईल कहके उ परिवार के भुलियवले रहलन ।
उ खोजतलास के बहाना मे कुछ समय पुलीस कार्यालय मे भी गईल रहलन ।
बाद मे उ फरार भईल रहलन । पुलीस के निरन्तर निगरानी के बाद गुप्ता १३ बरीस के बाद पकडाईल बाडन ।





