अख्तियार के टोली बारा मे एक कर्मचारी सहित दु जने के घुस सहित पकडलख

प्रभु यादव

बारा ०५ सावन

बारा के कलैया मे एक कर्मचारी सहित दु जने के घुस रकम सहित अख्तियार के टोली नियन्त्रण मे लेहले बा ।

अख्तियार दुरुपयोग अनुसन्धान आयोग के कार्यालय हेटौंडा से आइल टोली जलश्रोत तथा सिंचाई विकास डिभिजन कार्यालय कलैया के सव–इन्जिनियर गजेन्द्र प्रसाद जैसवाल आ उनकारा साथे रहल सहयोगी चन्दन जयसवाल के नियन्त्रण मे लेहले बा ।

जैसवाल नदी तटबन्ध के जाली लगावेवाला कार्य सम्पन्न पश्चात रकम भुक्तानी करावला बापत सेवाग्राही से ८० हजार घुस रकम लेहल अवस्था मे नियन्त्रण मे लेहल गइल अख्तियार जनकारी करावले बा ।

काम सम्पन्न भईला वाद रकम भुक्तानी करे के समय मे सव–इन्जिनियर जैसवाल सेवाग्राही से घुस रिसवत माग कईल सूचना आ उजुरी निवेदन के आधार मे अख्तियार के कार्यालय हेटौडा से खटल टोली नियन्त्रण मे लेहले बा ।

सव–इन्जिनियर जैसवाल सेवाग्रही से ८० हजार घुस रिसवत बापत के रकम लेके साथे रहल सहयोगी जैसवाल के देके भागे के खोजला पर दुनु जने के रकम सहित कलैया नगरपालिका वडा नं. ४ से नियन्त्रण मे लेके अनुसन्धान कईल जारहल अख्तियार दुरुपयोग अनुसन्धान आयोग के प्रवक्ता तारानाथ अधिकारी जानकारी करावले बानी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Check Also

Close
Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।