बारा आ पर्सा के आउर ९ जने मे कोरोना संक्रमण पुष्टि

वीरगंज ०७ सावन

बारा आ पर्सा मे आउर ९ जने मे कोरोना भाइरस (कोभिड–१९) संक्रमण पुष्टि भईल बा ।

कन्ट्याक्ट ट्रेसिङ मे पडल आ आपन खर्च मे पीसीआर परीक्षण करावल ९ जने मे कोरोना संक्रमण देखल गईल नारायणी अस्पताल के पीसीआर ल्याब जनवले बा ।

सोमार के दिने कईल पीसीआर परीक्षण मे उलोग मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल बा ।

मारुती फर्मास्युटिकल्स मे दु जने कर्मचारी मे कोरोना देखल गईला के बाद उलोग के कन्ट्याक्ट मे रहल आउर के पीसीआर परीक्षण कईल रहे ।

जउना मेसे सिम्रौनगढ–८ कचोर्वा घर भईल वीरगंज–७ रामटोल रहत आईल २९ बरीस के, पटेर्वासुगौली गाँवपालिका–५ निचुटा घर भइल वीरगंज–११ रानीघाट रहत आईल ५५ बरीस के आ परवानीपुर गाँवपालिका–५ बारा के २२ बरीस के पुरुष मे कोरोना संक्रमण देखल गईल बा ।
एकरा सँगे मारुती फर्मास्युटिकल्स मे कार्यरत ६ जने मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल बा ।

एकरा से पहिले एतवार के भी मारुती मे कार्यरत ३० बरीस के पुरुष मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल रहे ।

एहितरे जगदम्बा इन्टरप्राइजेज मे कार्यरत ५६ बरीस के, नारायणी अस्पताल मे कार्यरत ३५ बरीस के सरसफाइकर्मी, एडभान्स अस्पताल मे भर्ना भईल वीरगंज–५ जेलरोड के ४७ बरीस के पुरुष मे कोरोना संक्रमण देखल गईल नारायणी अस्पताल के पीसीआर ल्याब जनवले बा ।

एहितरे, आपन खर्च मे पीसीआर जाँच करावल वीरगंज–२१ लिपनीविर्ता परवानीपुर रहेवाला ३५ बरीस के पुरुष, सखुवाप्रसौनी गाँवपालिका–३ कौवावन कटैया घर भईल वीरगंज–१३ राधेमाई टोल रहत आईल ३१ बरीस के पुरुष आ बारा के प्रसौनी गाँवपालिका–४ खुटुवाजब्दी घर भईल ३० बरीस के पुरुष मे कोरोना संक्रमण देखल गईल बा ।

उलोग के नारायाणी अस्पताल मातहत रहल गण्डक कोभिड अस्पताल मे लियावे के क्रम जारी रहल बा ।

एकरा से पहिले गण्डक कोभिड अस्पताल मे २० जने कोरोना संक्रमित के ईलाज हो रहल बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।