लाईन मे सट के जनानी के मृत्यु
बारा ११ सावन
बारा जिल्ला मे लाईन मे सट के एक जने जनानी के मृत्यु भईल बा ।
मृत्यु होखेवाला मे पचरौता नगरपालिका–२ बिसुनपुर रहेवाला ४० बरीस के ललिता देवी यादव रहल बाडी ।
बरतन धोवेके समय मे धारा के मोटर से करेन्ट लाग के उनकर शनिचर के रात मृत्यु भईल पुलीस जनवले बा । ई सम्बन्ध मे पुलीस आउर अनुसन्धान कर रहल बा ।






