सप्तरी मे न्यायाधीश सहित सात जने मे कोरोना संक्रमण

राजविराज ११ सावन

सप्तरी मे सरकारी वकिल के बाद एतवार के दिने एक जने न्यायाधीश मे कोरोना संक्रमण देखल गईल बा ।

एतवार के दिने भईल परीक्षण मे उच्च अदालत जनकपुर, राजविराज इजलास के ५८ बरीस के न्यायाधीश आ ३२ बरीस के एक पुलीस सहित सात जने मे कोरोना संक्रमण देखल गईल स्वास्थ्य कार्यालय सप्तरी जनवले बा ।

सप्तरी के तिरहुत गाँवपालिका–२ के ३९ बरीस के, वार्ड नम्बर–३ के ३८ बरीस के, वार्ड नम्बर–४ के २६ बरीस के आ वार्ड नम्बर–५ के २८ बरीस के दु जने पुरुष मे भी कोरोना संक्रमण देखल गईल स्वास्थ्य कार्यालय सप्तरी जनवले बा ।

शनिचर के सबेरे सात जने आ रात के राजगढ गाँवपालिका–३ के १८ बरीस के पुरुष मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल रहे ।

एतवार के थप भईल सात जने सहित सप्तरी मे कोरोना संक्रमित के सङ्ख्या ४ सय ३४ पुगल स्वास्थ्य कार्यालय के वरिष्ठ मलेरिया इन्स्पेक्टर नारायणप्रसाद राउत बरै जानकारी देहनी ।

अभी तक सप्तरी मे ७ हजार २ सय ५३ जने के स्वाब संकलन भईला मे ६ हजार ५ सय ५७ जने के रिपोर्ट आईल बा ।

सावन १ गते राजविराज–६ स्थित घर मे रहल ७३ बरीस के व्यापारी के मृत्यु भईला के बाद कन्ट्याक्ट ट्रयाकिङ्ग आ ट्रेसिङ्ग करत गईला पर कोरोना समुदाय मे फईलल पत्ता लागल रहे ।

ओकरा बाद राजविराज मे कोरोना के पीसीआर परीक्षण करेवाला के सङ्ख्या ह्वात्तै बढल बा ।

संक्रमित ४ सय ३४ जने मेसे अभी २३ जनानी आ ९६ पुरुष करके १ सय १९ जने मात्र आइसोलेसन केन्द्र मे रहल बाडन ।

आइसोलेसन केन्द्र से २५ जनानी आ २ सय ८७ पुरुष करके ३ सय १२ जने ठिक होके घर गईल बाडन । कुछ संक्रमित घर मे आइसोलेसन मे बाडन ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।