पर्सा आ बारा मे सेना, स्वास्थ्यकर्मी सहित ५३ जने मे कोरोना संक्रमण

वीरगंज १५ सावन,

पर्सा आ बारा मे १५ जने जनानी सहित ५३ जने मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल बा ।

नारायणी अस्पताल मे कार्यरत स्वास्थ्यकर्मी, दु जने नेपाली सेना के जवान सहित ५३ जने मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल बा । संक्रमित होखेवाला मे पर्सा के ५० जने आ बारा के ३ जने बाडन ।

वीरगंजस्थित आर्मी क्याम्प के ३४ बरीस के २ जने नेपाली सेना मे कोरोना देखल गईल बा ।

एकरा से पहिले मंगर के दिने कईल पीसीआर परीक्षण मे ३४ जने संक्रमित मेसे १ जने सेना के जवान रहलन ।

११ जने अस्पताल के क्वार्टर मे रहत आईल आ ४ जने अस्पताल मे कार्यरत स्वास्थ्यकर्मी तथा कर्मचारी मे कोरोना संक्रमण देखल गईल नारायणी अस्पताल के पीसीआर ल्याब स्रोत जनवले बा ।

अस्पताल के क्वार्टर मे रहेवाला ३२, ३५, २० आ ११ बरीस के जनानी, ४१, २९, ४६, २४, १९, ५३ आ ३९ बरीस के पुरुष मे कोरोना संक्रमण देखल गईल बा ।

एहितरे अस्पताल मे कार्यरत ३० बरीस के एक जने जनानी तथा ३८, ३० आ २४ बरीस के तीन जने पुरुष के पीसीआर रिपोर्ट पोजेटिभ आईल बा ।

अस्पताल के चिकित्सक लगायत आउर स्वास्थ्यकर्मी मे कोरोना पुष्टि भईला के बाद कन्ट्याक्ट ट्रेसिङ मे पडल तथा भिडभाड मे मरेजी के ईलाज मे खटल स्वास्थ्यकर्मी के स्वाब संकलन कईल रहे ।

एहितरे वीरगंज के ४९, ५४ बरीस के पुरुष, वीरगंज– २५ सिर्सिया के ६० बरीस के जनानी, ४२ आ १८ बरीस के पुरुष आ ५ बरीस के लईका मे भी कोरोना देखल गईल बा ।

वीरगंज–१२ मुर्ली के ३ बरीस के लइकी, २३ बरीस के जनानी र २८ बरीस के पुरुष, वीरगंज–५ के २४ बरीस के पुरुष आ ४८ बरीस के जनानी, वीरगंज–८ पानीट्याङकी के २३ बरीस के पुरुष, ३० बरीस के जनानी, वीरगंज–१ छपकैया के ३० बरीस के पुरुष, वीरगंज– १० घडिअर्वा के ३६ बरीस के पुरुष, वीरगंज–२ छपकैया के २० बरीस के पुरुष, वीरगंज–१६ राधेमाई ३५ बरीस के पुरुष, वीरगंज–२३ प्रसौनीविर्ता के २७ बरीस के पुरुष, वीरगंज–४ विर्ता के ४० बरीस के जनानी, ३७, ३८ आ ३४ बरीस के पुरुष, वीरगंज– ३ के ३० बरीस के एक जने पुरुष आ २८ बरीस के एक जने जनानी, वीरगंज–१५ के ३० बरीस के पुरुष मे कोरोना पुष्टि भईल अस्पताल जनवले बा ।

वीरगंज–१२ जिल्ला प्रहरी कार्यालय अगाडी ५० आ २५ बरीस के जनानी आ १९ बरीस के पुरुष मे कोरोना देखल गईल बा ।

एहितरे पर्सा के छिपहरमाई–२ टिहुकी के ३५ बरीस के, जगरनाथपुर के २२ बरीस के पुरुष, पटेर्वासुगौली गाँवपालिका ५ के २५ आ २८ बरीस के पुरुष आ २४ बरीस के जनानी मे संक्रमण देखल गईल बा ।

बारा के जीतपुर हेल्थ पोष्ट मे कार्यरत २४ आ २७ बरीस के पुरुष आ बारा के कलैया १ के ३४ बरीस के पुरुष मे भी कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।