कोरोना कहर के बीच जीराभवानी मन्दिर मे जल चढावेवाला के भिड

मेघराज राय

जीराभवानी १७ सावन

शनिचर के सावन शुक्ल त्रयोदशी के दिन पर्सा जिल्ला के जीराभवानी गाँवपालिका मे रहल जीराभवानी मन्दिर मे सावन के जल चढावे खातिर काँवरियालोग के भीड लागल रहे ।

जीराभवानी मन्दिर स्थित बट्टेश्वरनाथ मे काँवरियालोग जल चढवले रहलन ।

ई पाली कोरोना भाईरस आ लकडाउन के चलते नवलपरासी के त्रिवेणीधाम से नारायणी नदी के जल भरे ना मिलला से जीराभवानी गाँवपालिका के वार्ड नम्बर २ के भौरिमाई से जल भरके काँवरियालोग बट्टेश्वरनाथ मन्दिर मे जल चढवले बाडन ।

सरकार लकडाउन सहज कईला पर भी मन्दिर, मस्जिद बन्द राखल समय मे आजु सावन के जल चढावेवाला बहुते सङ्ख्या मे जीराभवानी मन्दिर मे देखाई पडलें ।

करीब सात सय जने काँवरिया तथा स्थानीयलोग मन्दिर मे सहभागी भईल बतावल गईल बा ।

लकडाउन मे बहुते संख्या मे उपस्थित होके मन्दिर मे पूजा भईल ई पहिलका अवसर ह । सावन के सोमार तिथि मुताविक पुरा भईला पर एतना भिड ना रहे । अभी मिति मुताविक के दु गो सोमार के बाँकी बा ।

काल्हु सँझिया जल भरे खातिर लईकालईकी, युवती, वयस्क, वृद्ध सभी किसिम के काँवरिया जीराभवानी, जगरनाथपुर, पटेर्वासुगौली गापा से त्रिवेणीधाम पुगल रहलन ।

आजु उलोग जल लिया के चढवले बाडन । जल चढावे के समय मे मास्क पहिनल आ सामाजिक दूरी कायम कईल स्थानीय दाबी कईले बाडन ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।