रौतहट मे संक्रमित वार्ड अध्यक्ष के कन्ट्याक ट्रेसिङ कईला पर ४ जने मे कोरोना

रौतहट २० सावन
रौतहट मे कोरोना संक्रमित वार्ड अध्यक्ष के कन्ट्याक ट्रेसिङ कईला पर ४ जने नयाँ कोरोना संक्रमित थपाईल बाडन ।
सावन ११ गते रौतहट के राजदेवी नगरपालिका के एकजने वार्ड अध्यक्ष मे संक्रमण पुष्टि भईल रहे ।
काठमाण्डु जाए खातिर परिक्षण करईला पर उनका मे संक्रमण पुष्टि भईल रहे ।
उनकर कन्ट्याक ट्रेसिङ के आधार मे १७ जने के शनिचर के दिने स्वाब संकलन करके हेटौंडा पठावल गईला मे मंगर के ४ जने मे संक्रमण देखल गईल जिल्ला जनस्वास्थ्य कार्यालय रौतहट के प्रमुख महेश साह बतवनी ।
साह के मुताविक संक्रमित होखेवाला मे राजदेवी नगरपालिका के २४ बरीस के दु जने आ ४० बरीस के दु जने पुरुषलोग बाडन ।
उनका मुताविक मंगर के दिने चन्द्रपुर नगरपालिका मे एक जने आ गौर–५ के २४ बरीस के एक युवक मे भी संक्रमण पुष्टि भईल बा ।
संक्रमण पुष्टि भइल मेसे एक जने के चन्द्रपुर मे रहल आइसोलेसन आ ५ जने के गरुडा के विर्ता मे रहल पुलीस विद्यालय के आइसोलेसन मे राखेके प्रमुख जिल्ला अधिकारी वासुदेव घिमिरे बतवनी ।
संक्रमित पुष्टि भईललोग के कन्ट्याक्ट ट्रेसिङ के काम सुरु भइल प्रजिअ घिमिरे बतवनी ।
सोमार के दिने मृत्यु भईल इशनाथ–५ जटहरा के वार्ड अध्यक्ष के परिवार के १६ जने आ जिल्ला कारागार मे रहल १४ बन्दी के मंगर के दिने स्वाब संकलन कईल जनस्वास्थ्य कार्यालय के प्रमुख साह बतवनी ।
रौतहट मे अभी तक आइसोलेसन से १ हजार ३ सय २१ जने कोरोना संक्रमितलोग डिस्चार्ज होके घर गईल बाडन ।
जिल्ला मे रहल २ आइसोलेसन मेसे विर्ता मे ४ जने आ चन्द्रपुर मे एक जने ईलाज के समय मे रहल प्रमुख जिल्ला अधिकारी घिमिरे बतवनी ।






