कोरोना के जित के २ डाक्टर सहित ८ जने भईलें डिस्चार्ज

वीरगंज २३ सावन,
नारायणी अस्थायी कोरोना विशेष अस्पताल गण्डक से कोरोना जित के २ डाक्टर सहित ८ जने डिस्चार्ज भईल बाडन ।
कोरोना ठिक होके वीरगंज के २ डाक्टर, एक जनानी सहित ८ जने डिस्चार्ज भईल नारायणी अस्पताल के डाक्टर उदय नारायण सिंह जानकारी देहनी ।
डिस्चार्ज होखेवाला मे वीरगंज विर्ता के ४० बरीस के डा. दिलिप चौरसिया, नारायणी अस्पताल के क्वाटर मे रहत आईल ४५ बरीस के डा. आर.के. सिंह रहल बाडन ।
एहितरे बारा के जितपुर के ३५ बरीस के जनानी, २० बरीस के पुरूष, मोतिसर के २२ बरीस के पुरूष, पर्सा के बहुदरमाई नगरपालिका ७ निवासी ३३ बरीस के पुरूष, वीरगंज ६ रेशमकोठी निवासी २३ बरीस के पुरूष आ वीरगंज ११ श्रीपुर के ३० बरीस पुरूष डिस्चार्ज भईल डा. सिंह जानकारी देहनी ।
डिस्चार्ज होखेवाला सभी जने के डा. उदय नारायण सिंह लगायत के डाक्टर आ चिकित्सकलोग फुल के गुच्छा देके स्वागत सम्मान कईले रहलन ।






