सुत्केरी के मृत्यु प्रकरण ः ५ लाख मे मिलापत्र, चिकित्सक आ ल्याब टेक्निसियन छुटलें

जनकपुरधाम २४ सावन
गलत समूह के खुन चढईला के बाद जनानी के मृत्यु भईल घटना मे मिलापत्र भईल बा ।
जनकपुरधाम स्थित रामजानकी अस्पताल मे प्रसुती करावे आईल महोत्तरी के गौशाला नगरपालिका के २२ बरीस के गंगा महतो के गलत समूह के खुन चढईला पर शुक के दिने मृत्यु भईल रहे ।
घटना के बाद पुलीस डा. शैलेन्द्र साह आ रेडक्रस के रक्तसंचार केन्द्र के ल्याब टेक्निसियन नरेश यादव के पुलीस पकडले रहे ।
माकिर अस्पताल पीडित सँगे मिलापत्र भईल बा ।
आपन गल्ती तोपताप करे खातिर अस्पताल मृतक परिवार के ५ लाख रोपेया उपलब्ध करवले बा आ भवितव्य मे आपन आदमी के मृत्यु भईल निवेदन पुलीस मे देहले बाडन ।
‘पुलीस लापर्वाही करेवाला के कारबाही करेके पक्ष मे रहनी । माकिर भवितव्य मे जाहेरी पडला के बाद दुनु के रिहा कईल गईल बा’ जिल्ला प्रहरी कार्यालय, धनुषा के प्रहरी नायव उपरीक्षक मकेन्द्र मिश्र कहनी ।
यद्यपी मृतक जनानी के लास के पोष्टमार्टम के खातिर बि.पि. कोइराला स्वास्थ्य विज्ञान प्रतिष्ठान धरान पठावल गईल बा ।
मृतक के आफन्त राजेश महतो से मिलेवाला अस्पताल के अधिकारी दबाव देहला के बाद सहमति करेमे बाध्य भईल प्रतिकृया देहले बाडन ।




