पर्सा मे आउर ७५ जने मे कोरोना संक्रमण पुष्टि

वीरगंज २५ सावन
पर्सा मे आउर ७५ जने मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल बा । नारायणी अस्पताल के पीसीआर प्रयोगशाला मे कईल परीक्षण के समय मे उलोग मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल बा ।
संक्रमित मेसे १५ जने जनानी बाडि । वीरगंज–२ छपकैया के २० बरीस के मृतक जनानी भी संक्रमित के सूची मे बाडि ।
थपाइल संक्रमित कन्ट्याक्ट ट्रेसिङ मे पडल ३० जने, खुदे जाँच करावल १२ जने, वीरगंज महानगरपालिका के दमकल के कर्मचारी २ जने, क्वारेन्टिन मे रहत आईल ५ जने, जिल्ला प्रहरी कार्यालय के ९ जने पुलीस, बोखार, सर्दी, खोकी के लक्षण देखल गईल ९ जने, पर्सागढी नगरपालिका के ३ जने, नारायणी अस्पताल के कर्मचारी ३ जने आ सर्लाही के एक जने रहल बाडन ।
बोखार के लक्षण देखल गईला पर कोरोना जाँच करावल वीरगंज–१० के २४, वीरगंज–२१ के ३२, वीरगंज–४ के २० , वीरगंज–७ के ८६ बरीस के पुरुष आ वीरगंज–३ के २४ बरीस के युवती, सरदी खोकी लागल वीरगंज–१० घडिअर्वा के ४० बरीस के पुरुष, बोखार आ खोकी के लक्षण देखल गईल पर्सा के बहुदरमाई नगरपालिका–७ के २६ बरीस के पुरुष, भारतीय दूतावास के ३५ बरीस के कर्मचारी आ वीरगंज–१८ के ३३ बरीस के पुरुष मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल बा ।
खुदे कोरोना जाँच करावल वीरगंज–२४ के १६ बरीस के, वीरगंज–१५ के ४२ बरीस के, बारा के फेटा गाँवपालिका के २२ बरीस के, वीरगंज–६ महाविर टोल के ४८ बरीस के, वीरगंज–७ कुम्हाल टोल के ३६ बरीस के पुरुष, वीरगंज–८ लिंकरोड के २८ बरीस के, वीरगंज–१३ राधेमाई के ५५ बरीस के, वीरगंज–१६ गणेशस्थान के ४४ बरीस के, वीरगंज–१६ के वीरगंज–१६ मिथिलानगर के ३८ बरीस के, बारा के कलैया–६ के ३३ बरीस के, परवानीपुर गाँवपालिका–३ के ३२ बरीस के पुरुष आ वीरगंज–१५ भिश्वा के २८ बरीस के युवती मे कोरोना देखल गईल बा ।
कन्ट्याक्ट ट्रेसिङ के समय मे पर्सा अमरपट्टी के २७ आ २५ बरीस के जनानी, १२ बरीस के लईका मे, वीरगंज–११ श्रीपुर के ३० आ १८ बरीस के जनानी, वीरगंज–१२ मुर्ली के २२, ४३ बरीस के पुरुष आ ३० बरीस के जनानी, वीरगंज गणेश टोल के ४२, ४२, २१, २२, ५८ बरीस के पुरुष आ २० आ ५० बरीस के जनानी, वीरगंज–२१ पटेलनगर के २३ बरीस, वीरगंज पावरहाउस के १९ बरीस, वीरगंज चिनीमिल क्वाटर के २८ बरीस के, वीरगंज–३ प्रगतिनगर के ५५ बरीस के पुरुष, वीरगंज के ५९ बरीस के, वीरगंज–१० घडिअर्वा के २८ आ ४० बरीस के पुरुष, वीरगंज–१४ पिप्रा के ५५ बरीस के पुरुष आ वीरगंज–१२ मुर्ली के ५५ बरीस के जनानी मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल बा ।
जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा के ३४, ३२, ३०, ३१, २९, २७, २५, २७ बरीस के पुरुष आ १५ बरीस के किशोरी मे कोरोना संक्रमण देखल गईल बा । उ पुलीस के परिवार के सदस्य बाडन ।
पकाहामैनपुर गाँवपालिका के क्वारेन्टिन मे रहत आईल २० बरीस के दु पुरुष, नारायणी अस्पताल के कर्मचारी ४४ आ ६० बरीस के पुरुष, ३३ बरीस के जनानी मे, पर्सागढी नगरपालिका–६ के ५०, ४२, ३२ बरीस के पुरुष आ वीरगंज महानगरपालिका के दमकल शाखा के ५० आ ३९ बरीस के पुरुष मे कोरोना संक्रमण देखल गईल बा ।






