जनमत पार्टी अनेकन माग सहित जिल्ला प्रशासन कार्यालय पर्सा मे बुझवलख ध्यानाकर्षण पत्र

वीरगंज २५ सावन
जनमत पार्टी जिल्ला कार्यालय समिती पर्सा अनेकन ५ बुँदे मागसब राख के जिल्ला प्रशासन कार्यालय पर्सा मे ध्यानाकर्षण पत्र बुझवले बा ।
पार्टी पर्सा के जिल्ला ईन्चार्ज संतोष साह जिल्ला प्रशासन कार्यालय पर्सा के प्रशासकीय अधिकृत बिनय श्रीवास्तव के ध्यानाकर्षण पत्र बुझवले बानी ।
उ ध्यानाकर्षण पत्र मे कउनो भी मरेजी के कउनो भी अस्पताल से ईलाज करावे आईल मरेजी के कउनो भी बाहाना मे ईलाज ना करके फिर्ता ना पठावल जाँव, अस्पताल से भर्ना ना कईला पर ईलाज के कमी मे मुत्यु भईल पिडित के क्षतिपुर्ती देवेके आ दोषि अस्पताल उपर कडा से कडा कारवाहि करेके, एक घर एक परिक्षण युद्घ गति मे करेके, पर्सा जिल्ला मे मेडिकल इमरजेन्सी घोषणा करके संघिय सरकार से प्रयापत परिक्षण किट, स्वास्थ सामान आ विशेष चिकित्सक टोली यथासिध्र पर्सा जिल्ला मे पठाओ, गरिब, मज्दुर के खाए खातिर राहत के ब्यवस्था मिलावे के माग उल्लेख कईल गईल बा ।
वितल साढे ४ महिना के कोविड–१९ के चपेटा मे पर्सा जिल्ला पडल बा ।
सरकार आपन नीजी फायदा के खातिर जनता से कर उठावे खातिर लकडाउन सहज करके अभी पर्सा जिल्ला मे समुदायस्तर मे कोरोना के संक्रमण फईलल हमनी के बुझाइ रहल संयोजक साह बतवनी ।
जनता से राहत ना मिलल, संक्रमित परिवार के सदस्य के भी टेष्टीङ्ग ना भईल, अस्पताल के कउनो भी निगरानी ना कईला से स्थानिय प्रशासन लगायत तिनु तह के सरकार कोरोना के संक्रमण रोकेके आ जनता के स्वास्थय उपचार उपलब्ध करावे खातिर असफल रहल जनमत पार्टी जिल्ला कार्यालय समिती पर्सा के ठहर रहल बा ।
जिल्ला प्रशासन कार्यालय मार्फत उ ध्यानाकर्षण पत्र पर्सा जिल्ला के सभी स्थानिय सरकार प्रमुख, जिल्ला प्रशासन कार्यालय पर्सा, प्रदेश नं. २ के सरकार, जनसंख्या तथा स्वास्थय मन्त्रालय मे बोधार्थ पठावल जिल्ला ईन्चार्ज साह बतवले बानी ।
ध्यानाकर्षण पत्र बुझावेवाला टोली मे पार्टी के जिल्ला सह ईन्चार्ज राहुल रौनियार, पार्टी के जिल्ला जनानी अध्यक्ष अनिता रौनियार, उपाध्यक्ष सब्बु खातुन लगायत के सहभागीता रहल रहे ।






