ईलाज ना मिलला से मरेवाला के संख्या बढला के बाद वीरगंज मे प्रदर्शन तोडफोड मे संलग्न रहल आरोप मे एक जने पकडईलें

वीरगंज २५ सावन,
कोरोना भाइरस (कोभिड–१९) के संक्रमण के बहाना मे ईलाज सेवा ना मिलाल से सर्वसाधरण मरेवाला के संख्या बढल कहत वीरगंज मे आजु प्रदर्शन भईल बा ।
वीरगंज महानगरपालिका–२ छपकैया के स्थानीय वीरगंज स्थित नारायणी अस्पताल मे प्रदर्शन तथा तोडफोड कईल बाडन ।
प्रदर्शनकारी से प्रसुति गृह अगाडि पार्किङ करके राखल डा. उदयनारायण सिंह के बा १२ च ६९६६ नम्बर के कार, सेनिटाइजेसन आ स्वाब कलेक्सन बुथ मे भी तोडफोड कईले बाडन ।
प्रदर्शन के समय मे गाडी तोडफोड मे संलग्न रहल आरोप मे पुलीस वीरगंज–२ छपकैया के २० बरीस के शेख माजिल के पकडले बा ।
उनका के वडा प्रहरी कार्यालय विर्ता मे राख के आउर अनुसन्धान सुरु कईल पुलीस जनवले बा ।
वीरगंज–२ छपकैया के २० बरीस के जनानी के शुक के दिने श्वास प्रश्वास मे समस्या भईला के बाद अस्पताल लेगईल रहे । आधा दर्जन अस्पताल घुमईला पर भी उनकर ईलाज होखे ना सकल ।
अटो मे अस्पताल घुमावत घुमावत उनकर मृत्यु भईल रहे । शनिचर के हि वीरगंज–१३ राधेमाई के ६० बरीस के जनानी के भी ईलाज ना मिलला से मृत्यु भईल रहे ।
अस्पताल मे ईलाज सेवा ना मिलला से धमाधम आदमी के मृत्यु भईला पर भी सम्बन्धित निकाय उ अस्पताल के कारबाही ना कईला से प्रदर्शन मे उतरल प्रदर्शनकारी के कहनाम बा ।
उलोग ईलाज के कमी मे अब के दिन मे कउनो भी आदमी के ज्यान जाएके ना होखी आ अनेकन बहाना मे ईलाज ना करेवाला अस्पताल के चिकित्सक के कारबाही करेके माग रखले बाडन ।
नारायणी अस्पताल के अनेकन वार्ड मे संक्रमति मिलला के बाद इमर्जेन्सी बाहेक के सेवा बन्द कईल बा । आउर कुछ निजी अस्पताल के अवस्था भी ओईसने बा ।
माकिर कैयन निजी अस्पताल सामान्य अवस्था मे जईसन सेवा देरहल भईला पर भी ईलाल के खातिर पुगल मरेजी के कोभिड संक्रमित के आशंका मे ईलाज नईखन करत ।
जउना के चलते पिछिलका ३ दिन मे ६ जने आदमी के मृत्यु भइल बा ।
पीडित परिवार मात्र ना मिलला से बहुते संख्या मे अस्पताल परिसर मे आदमीसब जम्मा होके प्रदर्शन आ तोडफोड मे उतरला के बाद लाठी चार्ज करेके पडल जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा के प्रवक्ता प्रहरी नायब उपरीक्षक मनोजीत कुँवर जानकारी देहनी ।
तोडफोड मे संलग्न एक युवक के भी नियन्त्रण मे लेहल बतवनी ।






