वीरगंज मे नेविसंघ के प्रदर्शन मे झडप, ३ जने पकडईलें

वीरगंज २६ सावन
निषेधाज्ञा उलंघन करत नेपाली कांग्रेस के विद्यार्थी संगठन नेपाल विद्यार्थी संघ (नेविसंघ) पर्सा मे जिल्ला प्रशासन कार्यालय अगाडि प्रदर्शन कईला पर पुलीस से झडप भईल बा ।
पुलीस नेविसंघ के विकास तिवारी, शेख हजरा आ मनोज साह के पकडले बा ।
जिल्ला प्रशासन कार्यालय के गेट अगाडि कुछ देर नेविसंघ कार्यकर्ता आ पुलीस बीच झडप भईल रहे ।
वीरगंज मे सर्वसाधारण के ईलाज ना मिलला से मरेके पडल कहत नेविसंघ ६ बुँदे माग राख के धर्ना देहले रहे । ‘वीरगंज मे ईलाज ना मिलला से अनाहक मे ६ जने के मृत्यु भईल बा ।
जनस्वास्थ्य मे लापरबाही करेवाला निकाय के कारबाही कईला के बदले प्रशासन मौन बा’ कहत उ ‘ओहिसे शान्तिपूर्ण रुप मे प्रशासन घेरे गईल रहनी, माकिर अचानक पुलीस आके लाठीचार्ज कईला के साथे पकड के लियाईल बा ।’
नारायणी अस्पताल के जनरल सेवा सुविधा सहित सर्वसाधारण के खुल्ला करेके, अस्पतालसब भर्ना ना कईला पर ईलाज ना मिलला से मृत्यु भईल के परिवार के न्याय तथा उचित क्षतिपूर्ति देवेके, दोषी अस्पताल के कडा से कडा कारबाही करेके, कोरोना महामारी के चलते कमाई करे ना सकेवाला गरिब तथा सर्वसाधारण के राहत के व्यवस्था करेके आ कोरोना के भयावह स्थिति के सामान्य बनावे खातिर उचित स्वास्थ्य सामान, चिकित्सक, सेवा सुविधा के व्यवस्था करेके नेविसंघ माग कईले बा ।
प्रशासन कार्यालय मार्फत स्वास्थ्य मन्त्रालय मे ज्ञापनपत्र बुझावे के तईयारी कईला पर भी उलोग प्रमुख जिल्ला अधिकारी से समय ना लेहल प्रशासन कार्यालय जनवले बा ।
पर्सा के प्रहरी प्रवक्ता डीएसपी मनोजीत कुँवर जिल्ला प्रशासन कार्यालय घेराव करे गईल समूह के तीन जने के पकडल गईल बतवनी ।
निषेधाज्ञा उलंघन करत बहुते संख्या मे जम्मा भईल उलोग के तितर बितर बनावे खातिर लाठीचार्ज भी कईल उनकर कहनाम बा ।






