धनुषा मे आउर एक जने कोरोना संक्रमित के मृत्यु

जनकपुरधाम १ भादो
धनुषा मे आउर एक जने कोरोना संक्रमित के मृत्यु भईल बा ।
जिल्ला के धनौजी गाँवपालिका वार्ड नम्बर ३ कटैया निवासी ६५ बरीस के पुरुष के प्रादेशिक अस्पताल जनकपुर मे ईलाज के समय मे मृत्यु भईल प्रदेश २ के सामाजिक विकास मन्त्रालय जनवले बा ।
मन्त्रालय के वरिष्ठ जनस्वास्थ्य प्रशासक विजय झा के मुताविक उ पुरुष बेमार होके बितल सावन २६ गते अस्पताल भर्ना भईल रहलन ।
उनकर उहे दिन स्वाब संकलन करके परीक्षण के खातिर पठावल गईल रहे । सावन ३१ गते रिपोर्ट अईला पर कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल रहे ।
जटिल किसिम के निमोनिया से ग्रसित उ पुरुष के ३१ सावन के रात सास लेवेमे समस्या भईला के बाद आईसीयू मे भर्ना कईल रहे । एकरा सँगे धनुषा मे कोराना संक्रमति होके मृत्यु होखेवाला के संख्या ९ पुगल बा ।





