प्रतीक दैनिक के ३४ वार्षिकोत्सव मे सुबोध स्मृति फोटो पत्रकारिता पुरस्कार खड्का के मिलल

वीरगंज ०१ भादो
वीरगंज से प्रकाशित होखेवाला प्रतीक दैनिक आजु आपन ३४ वाँ वार्षिकोत्सव मनवले बा ।
वार्षिकोत्सव के अवसर मे हरेक बरीस देत आईल सुबोध फोटो पत्रकारिता पुरस्कार ई बरीस मध्य नेपाल दैनिक के कविता खडका के मिलल बा ।
पत्रिका के प्रधान सम्पादक जगदीश प्रसाद शर्मा २५ हजार रोपेया पुरस्कार सहित दोसल्ला ओढाके प्रमाणपत्र से सम्मान कईले रहनी ।
कोरोना सङ्क्रमण के समय भईला से प्रतीक दैनिक के कार्यालय अगाडि ग्लब्स, मास्क पहिन के स्वास्थ्य आ सुरक्षा के मापदण्ड पूरा करत कार्यालय कर्मचारी आ पुरस्कृत आदमीसब के मात्र सहभागिता मे वार्षिकोत्सव कार्जक्रम मनावल गईल प्रधान सम्पादक शर्मा बतवनी ।
कोरोना महामारी के समय मे जोखिम सहके दिनरात सेवा करेवाला स्वास्थ्यकर्मी, सफाइकर्मी, सुरक्षाकर्मी तथा सञ्चारकर्मी के कुछ प्रतिनिधि के रूप मे रहल आदमी के सम्मानित कईल गईल बा ।
ई समय मे स्वास्थ्यकर्मी प्रतिनिधि के रूप मे कालिका मेडिकल हाल के सञ्चालिका मीना बटाला, पत्रकार शेखर छतकुली, सामुदायिक सेवा केन्द्र मुर्ली के प्रसनि इनाकुमारी बडाल, प्रहरी जवान रविकुमार सिंह, फन एन्ड फन के बृजेश अग्रवाल, क्षीरसागर स्वीट्स के सुबोध सिंह के सम्मान कईल रहे ।
वार्षिकोत्सव मे टोल मे सरसफाई करत आईल सफाइ नाइके अयोध्याप्रसाद तत्वा सहित ६ जने के नगद पुरस्कार सहित सम्मान कईल रहे ।
एहितरे वार्षिकोत्सव के अवसर मे पत्रिका के सम्पादक शत्रुघ्न नेपाल के नगद रु १० हजार आ स्तम्भकार विनोद गुप्ता के नगद रु ५ हजारसहित प्रमाणपत्रद्वारा सम्मान कईल रहे ।
कार्जक्रम के सहजीकरण पत्रिका के सम्पादक प्रताप श्रेष्ठ कईले रहनी ।






