स्रोत ना खुलल ३ लाख रोपेया सहित एक जने पकडईलें

वीरगंज ०१ भादो
पर्सा से स्रोत ना खुलल तीन लाख रोपेया सहित एक जने पकडाईल बाडन ।
छिपहरमाई गाँवपालिका–२ चरगाहा रहेवाला ३५ बरीस के सतेन्द्र साह गुप्ता स्रोत ना खुलल रोपेया सहित पकडाईल बाडन ।
हुण्डी के रोपेया सहित गुप्ता के पकडल गईल पुलीस के दाबी बा ।
अवैध वित्तीय कारोबार (हुण्डी) के रोपेया लेके आ रहल बाडन कहके सूचना के आधार मे पुलीस चौकी टिहुकी से खटल टोली उनका के पकडले रहे ।
ना.६५ प १७८१ नम्बर के मोटरसाइकल मे आ रहल अवस्था मे पुलीस उनका के सावन ३२ गते सबेरे १० बजे चरगाहा से नियन्त्रण मे लेहले रहे ।
उनकर साथ से स्रोत खुले ना सकल ३ लाख ८ सय ५० रोपेया मिलल जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा के प्रवक्ता प्रहरी नायब उपरीक्षक मनोजीत कुँवर जानकारी देहनी ।
‘उनकर साथ से बरामद भईल रोपेया के स्रोत खुले सकल नइखे,’ प्रहरी नायब उपरीक्षक कुँवर कहनी कि, ‘उ लम्हर समय से हुण्डी कारोबार मे संलग्न रहल सूचना हमनी के मिलल बा । उनका उपर आउर अनुसन्धान हो रहल बा ।’






