बाढ प्रभावित क्षेत्र के अनुगम करे खातिर बाजुरा पुगलें गृहमन्त्री

कैलाली २ भादो

गृहमन्त्री रामबहादुर थापा बादल सहित के टोली बाजुरा पुगल बा ।

लगातार के बरीस के चलते बाजुरा के बाढ प्रभावित क्षेत्र के अनुगमन के खातिर गृहमन्त्री थापा सहित के टोली बाजुरा पुगल बा ।

टोली मे सुदूरपश्चिम प्रदेश के आन्तरिक मामिला तथा कानुनमन्त्री प्रकाश शाह भी रहल बाडन ।

सावन २५ गते रात बुढीगंगा नदी मे आईल बाढ से बडिमालिका नगरपालिका, गौमुल गाँवपालिका आ बुढीगंगा नगरपालिका के नदी बगल के बासिन्दा घरविहीन भईल बाडन ।

उलोग के अवस्था बुझे आ राहत उपलब्ध करावे खातिर गृहमन्त्री थापा सहित के टोली बाजुरा पुगल प्रमुख जिल्ला अधिकारी कृष्ण गैह्रे जानकारी देहनी ।

गृहमन्त्री सहित के टोली सावन २६ गते बाजुरा आवेके कार्जक्रम रहला पर भी मौसम खराबी भईला पर आवे ना सकल रहलन ।

मंगर के दिने काठमाण्डु से जहाज मार्फत सुर्खेत आ उहाँ से हेलिकप्टर मार्फत बाजुरा पुगल बाडन ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।