बारा मे भारत से लियावल ४० बोरा अवैध रासायनिक मल पकडाईल

वीरगंज ०७ भादो
बारा मे भारत से तस्करी करके लियावल रासायनिक मल स्थानीय प्रशासन बरामद कईले बा ।
एतवार के सबेरे बारा के सिम्रौनगढ गाँवपालिका के अन्तर्गत के ४ गो सिमा नाका अनुगमन के समय मे ९ गो मोटरसाइकल मे तस्करी करके लिया रहल ४० बोरा रासायनिक मल बरामद कईल प्रमुख जिल्ला अधिकारी रुद्रप्रसाद पण्डित जानकारी देहनी ।
बरामद मल वीरगंज भन्सार कार्यालय मे बुझावे के तईयारी बा ।
निषेधाज्ञा के समय मे भी खुल्ला सीमाना के फायदा उठावत तस्करी जारी रहल आ आदमीसब भी ओहोर दोहोर कर रहल सिकाईत अईला के बाद प्रमुख जिल्ला अधिकारी सहित के टोली अनुगमन मे गईल रहे ।






