ठोरी २ मे विद्यालय के आठ कोठे भवन के शिलान्यास

मेघराज राय
जिराभवानी ०८ भादो
ठोरी गाँवपालिका वार्ड नं २ मे रहल सरस्वती माध्यमिक विद्यालय के आजु आठकोठे भवन के शिलान्यास कईल बा ।
नमुना विद्यालय कार्जक्रम अन्तर्गत २ तल्ले भवन के शिलान्यास ठोरी गाँवपालिका के अध्यक्ष पदमलाल श्रेष्ठ बतवनी ।
शिलान्यास के बाद बातचीत करत अध्यक्ष श्रेष्ठ कोभिड–१९ के चलते शिक्षा क्षेत्र मे बहुते नोक्सानी पुगईला के साथे विद्यार्थीलोग के पठनपाठन मे नोक्सानी पुगावल कहत चिन्ता व्यक्त कइनी ।
कोरोना भाइरस के चलते शिक्षा क्षेत्र तहसनहस बनईला से विद्यालय संचालन होते मातर ठोरी गाँवपालिका भितर टोलटोल मे विद्यार्थीलोग के समूह निर्माण करके ५० से बेसी जगहा मे स्वयंसेवक शिक्षक परिचालन करके शिक्षा क्षेत्र के व्यवस्थित करेके अध्यक्ष श्रेष्ठ बतवनी ।
आपन पहिलका प्राथमिकता हि शिक्षा क्षेत्र रहल बतावत अध्यक्ष श्रेष्ठ ठोरी गाँवपालिका भितर रहल ६ गो ८ किलास तक संचालन भईल आधारभूत विद्यालयसब के २ जने के दर से शिक्षक नियुक्ति करेके भी अध्यक्ष श्रेष्ठ जानकारी देहनी ।
१ करोड ४४ लाख बजेट रहल आठ कोठे भवन के निर्माण काम वनशक्ती निर्माण सेवा प्रालि से लेहले बा । २०७८ असाढ मसान्त तक भवन निर्माण काम पुरा होखेके ठेकेदार कम्पनी के प्रतिनिधि जीवन कृष्ण सापकोटा बतवले बानी ।
शिलान्यास कार्जक्रम मे वार्ड नं २ के कार्यवाहक अध्यक्ष श्यामहरी शर्मा, सदस्य अमृत कृष्ण सापकोटा, शिक्षा संयोजक भुपाल कुमार जोशी, विद्यालय व्यवस्थापन समिति के पदाधिकारीलोग, नेपाल शिक्षक महासंघ पर्सा के सह सचिव पिताचन्द्र ढुंगेल, नेपाल शिक्षक महासंघ ठोरी के उपाध्यक्ष गोपिलाल श्रेष्ठ, नेपाली काँग्रेस के रामकृष्ण पन्त लगायत के आदमीसब के सहभागिता रहल रहे ।






