कोरोना संक्रमण से गर्भवती सहित ९ जने के मृत्यु पुष्टि

काठमाण्डु ११ भादो

कोरोना भाइरस (कोभिड–१९) के संक्रमण से ९ जने के मृत्यु भईल पुष्टि भईल बा ।
काठमाण्डु, ललितपुर, बारा, कास्की, रुपन्देही, कपिलवस्तु, बाँके, धनुषा आ पर्सा मे एक÷एक जने के मृत्यु भईल बा । मृत्यु होखेवाला मे ५ जनानी आ चार पुरुष बाडन ।

एकरा सँगे नेपाल मे कोरोना संक्रमण से मृत्यु होखेवाला के संख्या १८९ पुगल बा ।
काठमाण्डु के तारकेश्वर–११ के ४८ बरीस के पुरुष के किस्ट अस्पताल मे मृत्यु भईल बा । कोरोना सँगे मिलेजुलेवाला लक्षण लेके ७ भादो मे अस्पताल भर्ना भईल उनका कोरोना संक्रमण ९ गते पुष्टि भईल रहे ।

संक्रमण के चलते निमोनिया भइल उनकर भेन्टिलेटर मे राख के ईलाज के समय मे उनकर मृत्यु भईल बा ।
ललितपुर के ६५ बरीस के कोरोना संक्रमित जनानी के पाटन अस्पताल मे मृत्यु भईल बा । उ ९ गते से अस्पताल मे ईलाज करावत रहनी ।

पोखरा–१२, कास्की के ३२ बरीस के जनानी के पोखरा स्वास्थ्य विज्ञान प्रतिष्ठान मे मृत्यु भईल बा । श्वास प्रश्वास के समस्या लेके ३२ सावन मे कास्की सेवा अस्पताल मे भर्ना भईल उनका के कोरोना संक्रमण भईल ७ भादो मे पुष्टि भईल । ओकरा बाद प्रतिष्ठान के कोभिड–१९ आइसोलेसन सेन्टर के आईसीयू मे लेगईल रहे ।

रुपन्देही के तिलोत्तमा–२ के ७० बरीस के जनानी के कोरोना विशेष अस्पताल मे मृत्यु भईल बा । २६ सावन मे कोरोना पुष्टि भईल उनका के स्वास्थ्य मे समस्या भईला के बाद ३१ गते अस्पताल भर्ना कईल रहे । उनकर प्लाज्मा थेरापी भी कईल रहे ।
कपिलवस्तु के ५० बरीस के पुरुष के कोरोना विशेष अस्पताल मे मृत्यु भईल बा ।

भादो ५ मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईला के बाद अस्पताल भर्ना भईल उनकर पिछिलका समय भेल्टिलेटर मे ईलाज हो रहल रहे ।
नेपालगंज–७, बाँके के ७० बरीस के जनानी के नेपलगंज मेडिकल कलेज शिक्षण अस्पताल कोहलपुर मे मृत्यु भईल बा ।

दम बढला के बाद ३ भादो मे नर्सिङ होम मे भर्ना भईल उनका के कोरोना संक्रमण पुष्टि भईला के बाद कोहलपुर मे रिफर कईल रहे ।

धोविनी–३ पर्सा के ७२ बरीस के पुरुष के नारायणी अस्पताल मे मृत्यु भईल बा । भादो ८ मे भर्ना भईल उनका निमोनिया भी भईल रहे ।

सुर्वण–४ बारा के २३ बरीस के जनानी के भी नारायणी मे मृत्यु भईल रहे । ३३ हप्ता के गर्भवती उ ८ गते अस्पताल भर्ना भईल रहली । भेल्टिलेटर मे राख के ईलाज करेके समय मे उनकर मृत्यु भईल बा ।

प्रादेशिक अस्पताल, जनकपुरधाम मे बुध के दिने मृत्यु भईल धनुषा के मुपखयापट्टी मुसहरनिया–४ के ४५ बरीस के पुरुष मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल बा । सरदी खोकी बा बोखार अईला के बाद अस्पताल पुगल उनकर ईलाज सुरु भईल कुछ घण्टा मे हि मृत्यु भईल रहे ।

एके दिन मे ११११ संक्रमित थपईलें
एहितरे पिछिलका २४ घण्टा मे १ हजार १११ संक्रमित थपाईल बाडन । १२ हजार ६२९ नमुना परीक्षण कईला पर ३३४ जनानी आ ७७७ पुरुष मे संक्रमण पुष्टि भईल बा । काठमाण्डु उपत्यका मे मात्र ३७७ संक्रमित थपाईल बाडन ।

एकरा सँगे कुल संक्रमित के संख्या ३५ हजार ५२९ पुगल बा । उलोग मे से १८३ जने के मृत्यु भईल बा आ २० हजार ७३ जने कोरोनामुक्त भईल बाडन । पिछिलका २४ घण्टा मे मात्र ५६९ जने डिस्चार्ज भईल स्वास्थ्य मन्त्रालय जनवले बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।