कलैया अस्पताल के मेसु उपर कारवाही के माग करत जाहेरी

प्रभु यादव
बारा ११ भादो,
कलैया अस्पताल के मेडिकल सुपरिडेन्ट के कारवाही के माग करत जिल्ला प्रहरी कार्यलय मे जाहेरी पडल बा । बारा मे रहल एक मात्र जिल्ला अस्पताल कलैया के मेडिकल सुपरिडेन्ट विरेन्द्र मण्डल के कारवाही करेला जाहेरी देहले बाडन ।
जिल्ला अस्पताल कलैया मे सुत्केरी करावे खातिर आईल कलैया उपमहानगरपालिका वार्ड नम्वर ७ बरेवा के अन्दाजी २३ बरीस के अन्तिमा कुमारी के बच्चा जन्म ना होते पेट मे ही मरल बा ।
उनकर आफन्त सुभाष भगत माली के मुताविक सबेरे सुत्केरी के लेके अस्पताल आईला पर डयुटि मे रहल स्टाफ के लापरवाही से आपन बच्चा के ज्यान चलगईल आरोप लगवले बानी ।
सुत्केरी अन्तिम मे रोवत ९ महिना तक आपना पेटमे रहल बच्चा महिने महिने चेकजाँच करावत आईल बानी ठिक रहल माकिर दर्द सुरू भईला वाद अस्पताल मे लापरवाही कईला से ही हमर सन्तान जन्म ना लेते मरल दुःख व्यक्त कईनी ।
एम.वि.वि.एस डाक्टर के डियुटि मे रहल माकिर उ आपन डेरा मे रहल रहनी आ स्टाफ नर्स के भर मे सुत्केरी करावे खातिर रहल जवना के कारण बच्चा ना जन्मते मरल पिडित परिवार के आरोप रहल बा ।
बमरला के बाद करिव एक घण्टा वितला पर डाक्टर आके झुठोके चेक कर के बच्चा के सास ना फेरे सकला से मरल जवाफ देहला पर अस्पताल मे कुछ देर तनाव भईल रहे ।
तनाव के समान्य करेला जिल्ला प्रहरी कार्यलय से प्रहरी आके दुनु पक्ष के बात सुनके पिडित परिवार के समझा बुझा के स्थिती समान्य बनावले रहे । अपने समस्या मे परल बानी त कानुनी प्रक्रिया अपनावेके सल्लाह पुलीस देहले रहलन ।
ईलाज मे संग्लगन स्वास्थ्यकर्मी के मुताविक स्थिती कन्ट्रोल ना होसकल कहत आपने परिवारजन से वीरगज लेजाये के जानकारी करवले रहनी ।
बच्चा अपरेशन कर के निकाले के अवस्था रहला से अस्पताल से रेफर कईल गईल बतवले बा ।
परिवारजन से कवनो वास्ता ना कईला से बच्चा पेट मे साँस ना फेरे सकला से मरल आरोप लगवले बा ।
पिडित परिवार अस्पताल मे रहल मेसु, डाक्टर आ नर्स सब के लापरवाही से आपन बच्चा के ज्यान गईल कहत कारवाही करे के माग करत उजुरी देहल जानकारी करवले बा ।
मेडिकल सुपरिडेन्ट से जानकारी लेहला पर आपने बेमार भइल आपना कवनो किसिम के जानकारी ना भईल बतवले बानी । मेसु मण्डल आपन डेरा मे आराम करहल जानकारी करवले बानी । मण्डल आपने बँचे खातिर अस्पताल मे कर्मचारी आ स्रोत साधन ना भइला से समस्या आईल होई कहलन ।
पिडित परिवार के जाहेरी सम्बन्ध मे अनुसन्धान होरहल प्रहरी नायव उपरिक्षक गौतम मिश्र जानकारी करावले बानी । जरुरी छानविन कर के दोषी के उपर कडा से कडा कारवाहि कईल जाई मिश्र जानकारी करवले बानी ।
एक महिना के भितर अस्पताल के लापरवाही से सुर्वण गाँवपालिका आ कलैया उपमहानगरपालिका के कर के दु जने के अवोध बच्चा के जन्म ना होते मृत्यु भईल बा । कलैया अस्पताल के मेसु आपन पत्नी के सेनियर स्टाफ नर्स मे भर्ना कईला वाद विशेष कर के लापरवाही होरहल स्थानिय लोग के कहनाम रहल बा ।
अस्पताल मे समय ना देके डेरा मे रह के स्थानिय संचार माध्यम मे बँचे खातिर सफाई देरहल बाडन माकिर जनता के स्वास्थ से खेलवाड करत अपने विमार हल बतावल केतना गैरकानुनी रहल समाजसेवी लोग के आरोप रहल बा ।





