पर्सा मे आउर ४२ जने मे कोरोना संक्रमण पुष्टि

वीरगंज १२ भादो

पर्सा मे आउर ४२ जने मे कोरोना भाइरस संक्रमण पुष्टि भईल बा । वीरगंज स्थित नारायणी अस्पताल के प्रयोगशाला मे बियफे के रात कईल परीक्षण मे पर्सा के आउर ४२ जने मे संक्रमण पुष्टि भईल अस्पताल के प्रवक्ता डाक्टर अतुलेश चौरसिया जानकारी देहनी ।

प्रयोगशाला मे बियफे के रात ३ सय ८ जने के स्वाब के नमूना परीक्षण कईला पर पर्सा के ४२, बारा के १२, रौतहट के २ आ सर्लाही के १ जने मे संक्रमण पुष्टि भईल चौरसिया बतवले बानी ।

बियफे के रात पर्सा मे थपाईल ४२ जने मेसे वीरगंज महानगरपालिका के वार्ड नम्बर ११, १२, १३, २१, आ २७ के करके ३९ जने रहल बाडन ।

एहितरे पर्सा के कालिकामाइ गाँवपालिका २ भेडिहारी के २ जने आ पर्सागढी नगरपालिका ८ हरपुर मे एक जने मे संक्रमण मिलल प्रवक्ता चौरसिया जानकारी देहनी । बियफे के दिने ४२ जने थपईला सँगे पर्सा मे संक्रमित के संख्या २ हजार ६४ पुगल जिल्ला प्रशासन कार्यालय पर्सा जनवले बा ।

एके दिन १०३ जने डिस्चार्ज
एहितरे पर्सा मे एके दिन १ सय ३ जने संक्रमित ठिक होके अस्पताल से डिस्चार्ज होके घर गईल बाडन । वीरगंज स्थित २ गो कोभिड अस्पताल आ पोखरीया अस्पताल के आइसोलेसन करके बियफे के सँझिया १ सय ३ जने संक्रमित ठिक होके डिस्चार्ज होके घर गईल जिल्ला प्रशासन कार्यालय पर्सा के प्रशासकीय अधिकृत विनय श्रीवास्तव जानकारी देहनी ।

एहितरे बुध के सँझिया भी ६६ जने ठिक होके घर गईल रहलन । पर्सा मे अभी तक ५४७ जने ठिक होके अस्पताल से डिस्चार्ज भइल जिल्ला प्रशासन कार्यालय पर्सा जनवले बा ।

श्रीवास्तव के मुताविक, वीरगंज स्थित दु गो कोभिड अस्पताल मे अभी १३१ जने मात्र संक्रमित ईलाज करा रहल बाडन ।

एहितरे होम आइसोलेसन मे ८०४ जने संक्रमित बाडन ।अनेकन अस्पताल के आइसोलेसन, धर्मशाला, होटल आ विद्यालय के सेमी आइसोलेसन मे ३८३ जने संक्रमित के राख के ईलाज हो रहल जिल्ला प्रशासन कार्यालय पर्सा जनवले बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।