कोरोनामुक्त भइल वीरगंज के मेयर के बाबु के मृत्यु

वीरगंज १५ भादो
वीरगंज महानगरपालिका के नगर प्रमुख विजय कुमार सरावगी के बाबु चिरंजीवीलाल सरावगी के मृत्यु भईल बा ।
७८ बरीस के सरावगी के काठमाण्डु स्थित ग्राण्डी अस्पताल मे ईलाज के समय मे बितल रात १२ः५बजे मृत्यु भईल परिवार के सदस्य जनवले बाडन ।
बितल सावन १४ गते नगर प्रमुख सरावगी मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईला के बाद कन्ट्याक्ट ट्रेसिङ मे पीसीआर परीक्षण करईला पर सावन २२ गते उनकर बाबु चिरंजीवीलाल मे भी कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल रहे ।
संक्रमण पुष्टि भईला के बाद उनका के ईलाज के खातिर वीरगंज से काठमाण्डु लेगईल गईल रहे ।
स्वाअवस्था मे सुधार ना भईला के बाद सावन २४ गते काठमाण्डु स्थित ग्राण्डी अस्पताल मे भर्ना कईल रहे ।
ईलाज के समय मे भादो २ गते कईल पीसीआर परिक्षण मे उनकर रिपोर्ट नेगेटिभ अईला के बाद उ कोरोना मुक्त भईल रहलन ।
माकिर कोरोना मुक्त भईला पर भी मुटु आ मृगौला मे जटिल समस्या भईला के चलते उनकर ग्राण्डी अस्पताल के बहुते सघन कक्ष मे राख के ईलाज हो रहल रहे ।
स्वर्गीय चिरंजीवीलाल सरावगी के सोमार के दिन काठमाण्डु स्थित पशुपति आर्यघाट मे दाहसंस्कार कईल परिवार जानकारी देहले बाडन ।
वीरगंज मे बिक्रम संवत २००० साल मे जनमल चिरंजीवीलाल सरावगी वीरगंज उद्योग वाणिज्य संघ के पूर्व अध्यक्ष, मारवाडी परिषद के केन्द्रीय अध्यक्ष, लायन्स क्लव के गभर्नर रहल रहनी ।
साथे बहुते सामाजिक संघ संस्था मे आवद्ध रहलन । उनकर दु गो बेटा आ एगो बेटी बाडि ।






