पर्सा आ बारा मे आउर ६४ जने मे कोरोना संक्रमण पुष्टि
वीरगंज १७ भादो
वीरगंज मे कईल परीक्षण मे आउर ६४ जने मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल बा । नारायणी अस्पताल के पीसीआर प्रयोगशाला मे कईल परीक्षण मे उलोग मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल बा ।
प्रयोगशाला मे ४ सय ९० जने के पीसीआर परीक्षण कईला पर ६४ जने मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल नारायणी अस्पताल के प्रवक्ता एवम् वरिष्ठ चर्मरोग विशेषज्ञ डाक्टर अतुलेश कुमार चौरसिया जानकारी देहनी ।
५ से ७० बरीस उमिर समूह के संक्रमित मेसे ३६ जने जनानी बाडि ।
पर्सा के १३ आ बारा के ५० जने संक्रमित बाडन ।
अस्पताल से पठावल एगो स्वाब नमुना के पीसीआर परीक्षण रिपोर्ट भी पोजेटिभ आईल डाक्टर चौरसिया बतवनी । वीरगंज वार्ड नं. ४ मे २ जने, वार्ड नं. १२ आ १८ मे १÷१ जने, बहुदरमाई नगरपालिका के वार्ड नं. ४ मे ५ जने, वार्ड नं. ५ मे १ जने आ वार्ड नं. ६ मे २ जने मे कोरोना देखल गईल बा ।
बारा के कलैया उपमहानगरपालिका वार्ड नं. १ के ५ जने, वार्ड नं. ७ के ५ जने, वार्ड नं. २३ के ३ जने, वार्ड नं. २ मे ६ जने, वार्ड नं. ४ मे ६ जने, वार्ड नं. ३, ६, ८, ९ आ २१ मे १÷१ जने, वार्ड नं. २० मे ४ जने आ वार्ड नं. ५ मे ७ जने मे कोरोना देखल गईल बा । संक्रमित ३ जने के ठेगाना पहिचान होखे नईखे सकल ।
एकरा से पहिले पर्सा मे ४ सय ९३ जने जनानी सहित २ हजार २ सय ११ जने मे संक्रमण पुष्टि भइल बा ।






