लकडी नियन्त्रण मे लेहला पर स्थानीय आ पुलीस बिच झडप, ५ जने घायल

जनकपुरधाम २२ भादो
लकडी ढुवानी करे लागल समूह आ पुलीस बीच धनुषा के बटेश्वर गाँवपालिका मे एतवार के रात १२ बजे के समय झडप भईला पर दु पुलीस आ तीन जने स्थानीय घायल भईल बाडन ।
बटेश्वर गाँवपालिका– ५ शान्तिपुर मे लकडी ढुवानी कर रहल सूचना मिलला के बाद एतवार के रात इलाका प्रहरी कार्यालय महेन्द्रनगर से प्रहरी निरीक्षक दीपक राय नेतृत्व मे टोली खटल रहे ।
पुलीस स.१ त. ६०४० नम्बर के ट्याक्टर मे सखुवा के लकडी लोड करके लेजारहल अवस्था मे नियन्त्रण मे लेके कार्यालय ओरी लियावे के समय मे ६०÷७० जने के समूह अचानक पछाडि से पथल चलावल धनुषा के प्रहरी प्रवक्ता मकेन्द्र कुमार मिश्र बतवनी ।
उ समूह के आक्रमण मे प्रहरी निरीक्षक राय के बाँवारी आँख मे चोट लागल बा आ पुलीस जवान रामविश्वास पण्डित के मुडि के पछाडि भाग मे चोट लागल मिश्र जानकारी देहनी । दुनु के महेन्द्रनगर हेल्थकेयर मे ईलाज हो रहल उ बतवनी ।
उ समूह से प्रहार कईल पथल लाग के पुलीस के ना १ झ १२५० नम्बर के गाडी के पछाडि के सिसा फुटल बा ।
स्थानीय के मुताविक पुलीस लाठी चार्ज कईला पर स्थानीय तीन जने भी घायल भईल बाडन । उलोग के स्थानीय स्वास्थ्य संस्था मे ईलाज हो रहल बा ।
उ ट्याक्टर मे लोड कईल सखुवा के ८ थान गोलिया लकडी नियन्त्रण मे लेके जरुरी कारवाही के खातिर इलाका प्रहरी कार्यालय महेन्द्रनगर मे राखल गईल आ फरार भईल डाईबर के खोजी हो रहल पुलीस जनवले बा ।
घटना सम्बन्ध मे आउर अनुसन्धान हो रहल प्रहरी प्रवक्ता मिश्र बतवनी ।






