पेट्रोलियम पाइपलाइन से बरीस मे ८० करोड बँचल

काठमाण्डु २४ भादो
नेपाल–भारत पहिलका अन्तरदेशीय पेट्रोलियम पाइपलाइन सञ्चालन के एक बरीस पुरा भईल बा ।
भारत के मोतीहारी से नेपाल के अमलेखगन्ज तक ६९.२ किलोमिटर लम्हर पाइपलाइन से एक बरीस मे ५३ करोड ४१ लाख लिटर डिजेल आयात भईल निगम जनवले बा ।
उ परिणाम के डिजेल आयात कईला पर एकरा से पहिले होखेवाला ढुवानी तथा तापक्रम नोक्सानी बापत के करिब एक अरब रोपेया बाँचल नेपाल आयल निगम जनवले बा ।
प्रतिघन्टा २ लाख लिटर डिजेल आयात करे सकेवाला पाइपलाइन के नेपाल आ भारत के प्रधानमन्त्री बितल बरीस भादो २४ गते संयुक्त भर्चुअल उद्घाटन कईले रहनी ।
एक बरीस मे दु लाख ६७ हजार ट्यांकर बराबर के डिजेल पाइपलाइन मार्फत आईल निगम के अमलेखगन्ज डिपो जनवले बा ।
एक बरीस मे ५३ करोड ४१ लाख लिटर डिजेल आयात भईल डिपो प्रमुख इन्जिनियर भरत रेग्मी बतवनी ।
भारत के बरौनी से नेपाल के अमलेखगन्ज तक प्रतिलिटर ट्यांकर ढुवानी मे प्रतिलिटर एक रोपेया ५० पईसा खर्च होत अईला मे पाइपलाइन के बाद उ खर्च बाँचल निगम के केन्द्रीय कार्यालय जनवले बा ।
एक बरीस मे ५३ करोड ४१ लाख लिटर इन्धन आयात भईला पर करिब ८० करोड २६ लाख रोपेया ढुवानी मे तथा करिब १५ लाख रोपेया तापक्रम नोक्सानी बापत बाँचल निगम के दावी बा ।
बरौनी आ अमलेखगंज के तापक्रम मे तीन डिग्री के फरक रहल आ एकर नोक्सानी एगो ट्यांकर मे ४५ लिटर बराबर होत रहे ।
एकरा अलवा इन्धन चोरी आ ट्यांकर के होखेवाला खर्च घटला पर आउर फायदा भईल निगम जनवले बा ।
कोभिड–१९ के चलते इन्धन खपत काम भईला पर पाइलाइन अभी भी पूर्ण रुप मे सञ्चालन मे आवे ना सकल निगम जनवले बा ।
अभी हप्ता मे तीन दिन मात्र सञ्चालन मे आरहल पाइपलाइन से वाषिर्क डेढ अरब बाँचेके अनुमान निगम कईले रहे ।






