सप्तरी कारागार के आउर ९ कैदीबन्दी मे कोरोना संक्रमण

जनकपुरधाम २५ भदो
सप्तरी कारागार के आउर ९ जने कैदीबन्दी मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल बा ।
गजेन्द्रनारायण सिंह अस्पताल के प्रयोगशाला मे कईल परीक्षण मे कारागार के ९ जने कैदीबन्दी मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल बा ।
जिल्ला स्वास्थ्य कार्यालय सप्तरी के मुताविक ४८, ६२, ३२, २४, ६४, ४० आ २५ बरीस के ३ जने पुरुष मे कोरोना संक्रमण देखल गईल बा ।
स्वास्थ्य कार्यालय के मुताविक कारागार के ३५ आ २४ बरीस के दु जने पुरुष सुरक्षा गार्ड मे भी संक्रमण देखल गईल बा ।
ई कारागार के ६ जने कैदीबन्दी, एक जने सवारी चालक आ २ जने पुलीस मे एकरा से पहिले हि कोरोना संक्रमण देखल गईल रहे ।
बियफे के दिने गजेन्द्रनारायण सिंह अस्पताल के ३३ आ ३८ बरीस के जनानी कर्मचारी मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल बा ।
एहितरे, राजविराज ३ के ७१ आ वार्ड नम्बर ६ के २८ बरीस के पुरुष मे भी कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल स्वास्थ्य कार्यालय जनवले बा ।






