जसपा द्वारा शुभकामना आदन प्रदान कार्जक्रम

वीरगंज २९ कुवार

दशहरा, शुभ दिपावली आ छठ पर्व के शुभ अवसर मे जनता समाजबादी पार्टी धोबिनी गाँवपालिका इकाइ समिती आजु लङ्गडी मे शुभकामना अदान प्रदान कार्जक्रम पुरा कईले बा ।

पार्टी के वार्ड अध्यक्ष रामाशंकर प्रसाद कलवार के अध्यक्षता मे भईल उ कार्जक्रम मे प्रमुख अतिथि पार्टी के नेता तत्कालीन महासचिव शिव पटेल रहल पार्टी के नेता बिपलभ पटेल बतवनी ।

कार्जक्रम मे पार्टी के तत्कालिन अध्यक्ष जगदिश पटेल, बरिष्ठ नेता रामचन्द्र पडित, सचीव द्वय राजेश साह, श्रीराम गिरि, जिल्ला सदस्य द्वय अशोक पटेल, यादव गाँवपालिका अध्यक्ष अजय पटेल लगायत के नेतालोग शुभकामना मन्तव्य रखले रहनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।