जीराभवानी गाँवपालिका के बदमासी से शिक्षकलोग आन्दोलन मे उतरलें

मेघराज राय

जीराभवानी ०५ कातिक
हिन्दुलोग के महान पबनी बिजया दशमी मे भी तलब भत्ता ना मिलला पर नेपाल शिक्षक महासंघ जिराभवानी आन्दोलन मे उतरल बाडन ।

महासंघ वार्ड नं. ३ मे रहल बितो महतो जनता मा.बि. जितपुर नौकाटोला मे पत्रकार सम्मेलन के आयोजना करके आन्दोलन के कार्जक्रम सार्वजनिक कईले बाडन ।

गाँवपालिका के जनप्रतिनिधिलोग से कर रहल कार्यशैली भत्र्सना करत चरणबध आन्दोलन करेके जनवले बाडन ।

चालु आर्थिक बरीस के सावन महिना से कतिक महिना के प्रथम चौमासिक के तलब तथा दशहरा खर्च के माग करत गाँवपालिका अध्यक्ष रामप्रीत महतो के ज्ञापनपत्र बुझावे के महासंघ के अध्यक्ष कृपासिन्दु पटवारी बतवनी ।

पालिका बितल आ चालू शैक्षिक सत्र के मसलन्द के रकम पाठ्यपुस्तक के रकम तथा शिक्षक कर्मचारी के तलब भता लगायत के रकम ना पठावे तक गाँवपालिका से निर्देशन बिद्यालय ना मानेके सम्मेलन मे बिद्यालय के प्रधानाध्यापकलोग जनवले बाडन ।

गाँवपालिका शिक्षकलोग से मिलेवाला हरेक चौमासिक के तलब के समय मे अईसन गतिविधि भईला से आन्दोलन मे उतरल प्रधानाध्यापकलोग जनवले बाडन ।

सम्मेलन मे शिक्षक महासंघ जिराभवानी के सचिव रामबालक चौधरी, दिनानाथ महतो, मा.बि. नौकाटोला के प्रधानाध्यापक रामाशंकर चौधरी, यान बहादुर श्रेष्ठ लगायत के सहभागिता रहल रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Check Also

Close
Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।