कोरोना संक्रमण से आउर २६ जने के मृत्यु

काठमाण्डु १५ कातिक

कोरोना भाइरस (कोभिड–१९) के संक्रमण से आउर २६ जने के मृत्यु भईल बा । प्रदेश के सामाजिक विकास मन्त्रालयसब से मिलल विवरण मुताविक काठमाण्डु ७ जने, भक्तपुर आ झापा के ३÷३ जने, ललितपुर, मारेङ, नवलपुर आ दाङ के २÷२ जने के मृत्यु भईल बा ।

एहितरे सुसनरी, उदपयपुर, बारा कास्की, बाँके आ प्युठान के एक÷एक जने संक्रमित के भी मृत्यु भईल बा ।

बिजेश्वरी, काठमाण्डु के ८० बरीस के जनानी के शुक के दिने मृत्यु भईल बा । २२ कुवार मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल उ श्वासप्रश्वास मे समस्या होके २ कातिक मे अस्पताल भर्ना भईल रहली । उनका दम आ मिर्गौला सम्बन्धी मरेजी रहनी ।

बालुवाटार, काठमाण्डु के ५३ बरीस के जनानी के बियफे के दिने मृत्यु भईल बा । उनका ९ कातिक मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल रहे आ उहे दिन अस्पताल भर्ना भईल रहली ।

टोखा, काठमाण्डु के ३२ बरीस के जनानी के शुक के दिने मृत्यु भईल बा । २६ कुवार मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल रहे आ निमोनिया होके ५ कातिक मे अस्पताल भर्ना भईल रहली ।

काटेश्वर, काठमाण्डु के ८१ बरीस के जनानी के शुक के दिने मृत्यु भईल बा । उनका कोरोना संक्रमण १० कातिक मे पुष्टि भईल रहे आ निमोनिया होके १२ गते अस्पताल पुगल रहली ।

गौशला, काठमाण्डु के ७७ बरीस के पुरुष के शुक के दिने मृत्यु भईल बा । मिर्गौला सम्बन्धी समस्या भईल उनका ८ कातिक मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल रहे आ ११ गते अस्पताल भर्ना भईल रहलन ।

काठमाण्डु के ९० बरीस के पुरुष के शुक के दिने मृत्यु भईल बा । १३ कातिक मे अस्पताल भर्ना भईल उनका उहे दिन कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल रहे । कीर्तिपुर, काठमाण्डु के ७८ बरीस के पुरुष के शुक के दिने मृत्यु भईल बा । निमोनिया होके ३० कुवार मे अस्पताल भर्ना भईल उनका कोरोना संक्रमण भईल उहे दिन पुष्टि भईल रहे ।

सूर्यविनायक, भक्तपुर के ७६ बरीस के पुरुष के शनिचर के दिने मृत्यु भईल बा । ६ कातिक मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल उ मुटु मे समस्या होके ८ गते अस्पताल पुगल रहनी । उनका उच्च रक्तचाप आ दम के समस्या भी रहे ।

सल्लाघारी, भक्तपुर के ८८बरीस के पुरुष के शुक के दिने मृत्यु भईल बा । उनका १ कातिक मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल रहे आ निमोनिया होके ३ गते अस्पताल भर्ना भईल रहलन ।

भक्तपुर के ५२ बरीस के जनानी के शुक के दिने मृत्यु भईल बा । स्टोक आ मिर्गौला रोग के मरेजी भी रहल उनका ८ कातिक मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल रहे आ श्वासप्रश्जास मे समस्या भईला के बाद १४ गते मात्र अस्पताल भर्ना भईल रहनी ।

ढोलाहिटी, ललितपुर के ३० बरीस के जनानी के शुक के दिने मृत्यु भईल बा । उनका कोरोना संक्रमण भईल १० कातिक मे पुष्टि भईल रहे आ श्वासप्रश्वास आ मुटु मे समस्या होके ११ गते अस्पताल भर्ना भईल रहली ।

सानेपा, ललितपुरकी ७७ बरीस के जनानी के शनिचर के दिने मृत्यु भईल बा । निमोनिया होके ३० कुवार मे अस्पताल भर्ना भईल उनका ४ गते कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल रहे ।

उर्लाबारी नगरपालिका–१, झापा के ६६ बरीस के जनानी के शनिचर के सबेरे नोबेल मेडिकल कलेज, बिराटनगर मे मृत्यु भईल बा । १३ गते अस्पताल भर्ना भईल उनका उहे दिन कोरोना संक्रमण भईल पुष्टि भईल रहे ।

विर्तामोड, झापा के ७५ बरीस के पुरुष के शनिचर के दिने सबेरे नोबेल मेडिकल कलेज, बिराटनगर मे मृत्यु भईल बा । निमोनिया के समस्या देखल गईल उ १२ कातिक मे अस्पताल भर्ना भईल रहनी ।

गौरीगञ्ज, झापा के ७३ बरीस के पुरुष के शनिचर के दिने बीपी कोइराला स्वास्थ्य विज्ञान प्रतिष्ठान, धरान मे मृत्यु भईल बा । मुटुसम्बन्धी समस्या भईल उनका ६ कातिक मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल रहे आ ७ गते अस्पताल मे भर्ना भईल रहलन ।

सुन्दरहरैचा नगरपालिका–१०, मोरङ के ६९ बरीस के जनानी के शनिचर के सबेरे नोबेल मेडिकल कलेज, मृत्यु भईल बा । १० कातिक मे कोरोना पुष्टि भईल रहे आ उहे दिन अस्पताल भर्ना भईल रहली ।

बिराटनगर–३, मोरङ के ६५ बरीस के पुरूष के शनिचर के सबेरे विराट मेडिकल कलेज मे मृत्यु भईल बा । उ ६ कातिक मे अस्पताल भर्ना भईल रहनी ।
इटहरी, सुनसरी के ४३ बरीस के पुरुष के ईलाज के खातिर नोबेल मेडिकल कलेज लेजाएके समय मे एम्बुलेन्स मे मृत्यु भईल बा ।

उनका शुक के दिने कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल रहे । उदयपुर के ४२ बरीस के जनानी के म्याक्स हस्पिटल विराटनगर मे शनिचर के सबेरे मृत्यु भईल बा । उ शुक के सँझिया मात्र अस्पताल भर्ना भईल रहनी ।

निजगढ नगरपालिका–९, बारा के ६२ बरीस के पुरूष के नेशनल मेडिकल कलेज के आइसोलेसन सेन्टर मे शनिचर के दिने सबेरे मृत्यु भईल बा । उच्च बोखार आ श्वासप्रश्वास मे समस्या देखल गईला के बाद वीरगंज लिअईला मे उनका १३ कातिक मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल रहे ।

गैंडाकोट नगरपालिका–२, नवलपुर के ७७ बरीस के जनानी के होम आइसोलेनस मे मृत्यु भईल बा ।
कावासोती नगरपालिका–६, नवलपुर के ६७ बरीस के पुरुष के शनिचर के सबेरे होम आइसोलेसन मे मृत्यु भईल बा ।

पोखरा महानगरपालिका–९, कास्की के ६२ बरीस के जनानी के शनिचर के दिने पोखरा स्वास्थ्य विज्ञान प्रतिष्ठान के कोभिड–१९ उपचार केन्द्र मे मृत्यु भईल बा । उनका १३ कातिक मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल रहे ।

तुलसीपुर नगरपालिका–१८, दाङ के ७० बरीस के पुरुष के शनिचर के दिन के नेपालगञ्ज मेडिकल कलेज, कोहलपुर मे मृत्यु भईल बा । १३ कातिक मे अस्पताल भर्ना भईल उनका कोरोना संक्रमण भईल शनिचर के सबेरे मात्र पुष्टि भईल रहे ।

घोराही उपमहानगरपालिका–४, दाङ के ७० बरीस के पुरुष के नेपालगञ्ज मेडिकल कलेज कोहलपुर मे शनिचर के दिने बिहान मृत्यु भईल रहे ।

११ कातिक मे अस्पताल भर्ना भईल उनका कोरोना संक्रमण भईल १२ गते पुष्टि भईल रहे । नेपालगञ्ज–१०, बाँके के ६० बरीस के जनानी के नेपालगञ्ज मेडिकल कलेज, कोहलपुर मे मृत्यु भईल बा । ८ कातिक मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल उहे दिन अस्पताल भर्ना भईल रहली ।

माण्डवी गाँवपालिका–३, प्युठान के ५४ बरीस के पुरुष के चितवन मेडिकल कलेज मे शुक के रात मृत्यु भईल बा । निमोनिया भईल उनकर बुटवल मे ईलाज ना भईला के बाद चितवन लेगईल रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।