वीरगंज नाका खोले खातिर कांग्रेस के माग

वीरगंज १७ कातिक

नेपाली कांग्रेस वीरगंज नाका खोले खातिर नेपाल सरकार से माग कईले बा । आजु पर्सा के प्रमुख जिल्ला अधिकारी आशमान तामाङ मार्फत सरकार के ज्ञापन पत्र बुझावत नेपाली कांग्रेस पर्सा क्षेत्र नम्बर १ ‘ख’ के क्षेत्रीय कार्य समिति वीरगंज नाका खोलेके माग कईले बा ।

पर्सा के क्षेत्र नम्बर १ ‘ख’ के क्षेत्रीय कार्य समिति के सभापति अरविन्दकुमार गुप्ता प्रमुख जिल्ला अधिकारी आशमान तामाङ के आजु ज्ञापनपत्र बुझवले रहलन ।

स्वास्थ्य सुरक्षा के मापदण्ड अपनाके नेपाल के मुख्य प्रवेशद्वार के रुप मे रहल वीरगंज नाका मे आवगमन सहज बनावे खातिर कांग्रेस सरकार से माग कईले बा ।

कोरोना भाइरस संक्रमण रोकथाम तथा नियन्त्रण के खातिर बन्द कईल नाका भारत कातिक ६ गते से एकतर्फी रुप मे खोलले बा । नेपाल सरकार कातिक ३० गते तक के खातिर नाका बन्द हि रहेके जनवले बा ।

नाका बन्द भईला पर नेपाल भारत बिच के रोटी बेटी के सम्बन्ध के भी असर पारल दाबी कांग्रेस के बा ।

साथे तराई मधेसवासी के प्रमुख चाड दिपावली तथा छठ नजिक आरहल अवस्था मे नाका बन्द भईला से आवागमन तथा व्यापार व्यवसाय मे भी समस्या भईला से नाका खोलेके तर्क कांग्रेस क्षेत्रीय कार्य समिति कईले बा ।

ज्ञापन पत्र मे वीरगंज मे दोकान व्यापार खोलेके समय सीमा बढावे खातिर भी माग कईल बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।