मुकेश हत्या प्रकरण : तिवारी पकडईलें, अभी भी ९ जने फरार

वीरगंज १७ कातिक
नेपाल कम्युनिष्ट पार्टी (नेकपा) के पर्सा जिल्ला सदस्य मुकेश चौरसिया के हत्या के आरोप लागल एक फरार आरोपी के पुलीस पकडले बा ।
पकडाएवाला मे पर्सा के विन्दवासीनी गाँवपालिका ४ मधवल रहेवाला ३२ बरीस के उत्तम तिवारी कहेवाला निरन्जन तिवारी रहल बाडन ।
हत्या के आरोप लागल तिवारी फरार होके भारत बिहार के अरेराज मे चोरालुका के रहत आईल अवस्था मे नेपाल पुलीस पकड के वीरगंज लिआईल बा ।
माकिर पर्सा के प्रहरी उपरीक्षक गंगा पन्त वीरगंज महानगरपालिका १६ स्थित इनर्वागाँव से तिवारी के एतवार के दिने सँझिया पकडल बतवले बाडि । प्रहरी उपरीक्षक पन्त तिवारी के नियन्त्रण मे लेके आउर अनुसन्धान हो रहल बतवले बानी ।
बितल कातिक ६ गते विन्दवासिनी गापा ५ प्रसौनीभाठा मे नेकपा के गाँवपालिका कमिटीद्वारा आयोजना कईल सपथ ग्रहण कार्जक्रम मे नेकपा के दु गुटबीच झडप भईल रहे ।
झडप मे एक दोसर उपर बाँस के फाठा से मारेके समय मे मुडि मे चोट लाग के गम्भीर घायल भईल मुकेश के ईलाज के समय कातिक ७ गते मृत्यु भईल रहे ।
झडप मे सलंग्न होके घायल भईल हत्या के आरोपीद्वय तिवारी आ चिन्टु तिवारी उहे दिन ईलाज के खातिर वीरगंज स्थित नेशनल मेडिकल कलेज मे भर्ना भईला मे दुनु जने अस्पताल से फरार भईल रहलन ।
मुकेश के हत्या मे संलग्न रहल आरोप लगावत मृतक के भाइ महेश पुलीस मे दर्ता करावल जाहेरी मे उल्लेख १२ जने मेसे ९ जने फरार रहल पर्सा के प्रहरी प्रवक्ता प्रहरी नायव उपरीक्षक मनोजित कुवँर जानकारी देहनी ।
झडप के घटना भईल कातिक ६ गते हि पुलीस देवा सहनी, हनिफ मिया आ शोकद्धिन गद्धि के पकडले रहे ।
माकिर कातिक १३ गते मृतक पक्ष से देहल जाहेरी मे शोकदिन गद्धी के नाम ना रहल कारण भी उनका विरुद्ध सार्वजनिक अपराध के मुद्धा मात्र दर्ता कईल प्रहरी नायव उपरिक्षक कुवँर जानकारी देहनी ।
जोहरी मे उल्लेख १२ जने मेसे अभी तक तिवारी सहित ३ जने मात्र पकडाईल कहत कुवँर, ’जोहरी मे नाम भईल संविधानसभा सदस्य (पूर्वसभासद)राज कुमार गुप्तासहित ९ जने फरार बाडन, उलोग के खोजतलाश हो रहल बा ।’





