सूचना माँगला पर पुलीस बोला के पकडवईलें प्रमुख

वीरगंज १८ कातिक

सरकारी कार्यालय से सूचना माँगला पर जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा ४ घण्टा नियन्त्रण मे राखल अभियन्तालोग सिकाईत कईले बाडन ।

जिल्ला आयुर्वेद स्वास्थ्य केन्द्र पर्सा मे अनियमितता भईल आशंका मे अध्ययन के खातिर सूचना के हक अन्तगर्तत निवेदन दर्ता करावे गईल २ जने के पुलीस ४ घण्टा हिरासत मे राख के छोडले बा ।

भिश्वा युवा क्लब के अध्यक्ष उदय कुशवाहा आ प्रविण मनिपाल के हिरासत मे राखल रहे आ सूचना के हक के अभियन्ता मनोज रौनियार लगायत के बाहर नियन्त्रण मे राखल सिकाईत उलोग कईले बाडन ।

आयुर्वेद कार्यालय के आव २०७४÷७५ आ २०७५÷७६ के आय–व्यय के विवरण, इन्धन खर्च तथा कर्मचारीलोग के योग्यता प्रमाणित प्रतिलिपि माग करत निवेदन दर्ता करावे के उद्देश्य से उलोग कार्यालय मे पुगल रहलन ।

भिश्वा युवा क्लब आयुर्वेद कार्यालय मे कर्मचारीलोग ना रहेके, कार्यालय के सामान आपन घर मे प्रयोग होखेके, कार्यालय मे पारदर्शिता ना भईल सिकाईत करत सरोकारवाला के ध्यानाकर्षण करावत आईल बा ।

सूचना के हक अन्तर्गत निवेदन सहित कार्यालय मे पुगल समय “अध्ययन के बाद दर्ता करेम” कहत समय बितावल कार्यालय प्रमुख निवेदन दर्ता ना करके पुलीस बोलाके पकडवावल भिश्वा युवा क्बल के अध्यक्ष कुशवाहा बतवनी ।

“सूचना मागत निवेदन दर्ता करावे गईल रहनी, टिकट साटेके पडि कहला के बाद टिकट भी साटल गईल, दर्ता करिहन कहके ईन्तजार करके बईठनीसन्,” कहत कुशवाहा, “निवेदन दर्ता कईला के बदले पुलीस बोला के पकडवईलें ।”

सूचना के हक के अभियन्ता मनोज रौनियार सूचना अधिकारी से निवेदन लेके अध्ययन करेम, कार्यालय प्रमुख से सल्लाह करेम कहके दर्ता ना कईल बतवनी ।

“हमर भी ९ गो निवेदन लेके दर्ता करावे खातिर केन्द्र मे गईल रहनी, अध्ययन करके कार्यालय प्रमुख से राय लेके दर्ता कराएम कहले रहलन,” कहत उ, “निवेदन दर्ता कईला के बदले पुलीस बोला के पकडवईलें, दु जने के हिरासत मे रखलख, हमनी के परिसर भितर रहेके पडि कहके मेन गेट बन्द कईलन ।”

सूचना प्राप्त करेके मौलिक हक भईला से सूचना लेवे गईला पर पुलीस से घेरल मानव अधिकारविरुद्ध के काम भईल युवा अभियन्ता ओम प्रकाश सर्राफ बतवनी ।

जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा के प्रवक्ता प्रहरी नायब उपरीक्षक मनोजितत कुँवर आयुर्वेद स्वास्थ्य केन्द्र मे सूचना माँगेके बहाना मे कुछ आदमीसब होहल्ला कईल सूचना अईला के बाद पुलीस पठावल बतवनी ।

“कार्यालय मे होहल्ला कईल सूचना अईला के बाद कुछ के नियन्त्रण मे लेहल गईल रहे,” कहत उ, “दुनु पक्ष के बोला के बात बुझला के बाद उलोग के काल्हु हि छोडल गईल ।”

जिल्ला आयुर्वेद स्वास्थ्य कार्यालय के प्रमुख डाक्टर रमेश मिश्र पुराने लफडा के चलते पुलीस उलोग के पकडल बतवले बाडन ।

उनका मुताविक भिश्वा युवा क्लब मे आवद्ध युवालोग कातिक ४ गते केन्द्र मे सेवा लेवे आईल सेवाग्राही के दुर्व्यवहार करत प्रमुख मिश्र के भी हाथपात करेके खोजले रहलन ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।