उपभोक्ता समिति कईलख अदालत के निषेधाज्ञा उलंघन

प्रभु यादव
बारा २२ कातिक
बारा के प्रसौनि गाँवपालिका वार्ड नम्वर ७ बन्जरीया मे रास्ता निर्माण समिति अदालत से जारी कईल गईल निषेधाज्ञा के अवहेलना कईले बाडन ।
उपभोक्ता समिति के अध्यक्ष प्रधुमन साह गाँवपालिका के ओकिल से आईल निर्देशन से घर के दिवाल आ सिढी तोडे के काम कररहल कहत डोजर लगा के तोड देहले बानी पिडीत लक्ष्मीनारायण यादव सिकायत कईले बानी ।
प्रसौनी गाँवपालिका के विपक्षी बना के कुआर ३० गते उच्च अदालत जनकपुर के अस्थायी इजलास वीरंगज के माननीय न्यायाधीश रमेश पोखरेल से जारी निषेधाज्ञा उलंघन कर के घर मे तोड फोर कईल पिडित यादव जनकारी करावले बानी ।
अदालत से जारी निषेधाज्ञा मे मिति २०७७÷८÷१० गते पेशी तोक के ओ अवधी तक निवेदक के दाबी के कि. न. ४८ के जग्गा मे यथास्थिति मे रख के विपक्षी के नाव मे अलपकालीन अन्तरीम आदेश देहले रहल ।
गाउपालीका अध्यक्ष भोला गुप्ता से जनकारी लृहला पर निषेधाज्ञा के पत्र के जवाफ लिखा रहल बा जवन अदालत मे बुझावल जाई माकिर घर मे तोडफोड करे के सम्बन्ध मे आपना जनकारी ना भईल बतावनी ।
रास्ता बनावेला वडा कर्यालय से बनावल गईल उपभोक्ता समिति बा विशेष जनकारी उहे लोग के जनकारी होई अध्यक्ष गुप्ता जनकारी करावले बानी ।
वार्ड अध्यक्ष रामणी गुप्ता आपन विचार ना दे सकत बानी कहनी ।
उपभोक्ता समिति के अध्यक्ष प्रधुमन साह कोरोना सक्रमन के अवस्था मे लकडाउन रहल काम ना होखे सकल अब समान सब नाला बनावेला लेया लेहले बानी बनावेला घर के दिवाल आ सिढी तोडल गईल बतावले बानी ।
लक्ष्मीनारायण यादव घर तोडे के समाज मे हस्ताक्षर कईले बानी अउर जिल्ला अदालत मे ना जाके उच्च अदाल पुगल समाज के अपहेलना कईल जवना के कारण विकास के काम करेला घर के दिवाल आ सिढी डोजर लगा के हटावल गईल जनकारी करावले बानी ।
बारा मे कलैया उपमहानगरपालीका आ महागढीमाई नगरपालीका अदालत के निषेधाज्ञा के अवज्ञा कर के विकास के काम के नाम पर जनता के गुमराह करहल बा जवना के समय मे निकास ना मिलि तब अदालत के मान मर्यादा पर प्रश्न खडा होरहल बा ।






