सशस्त्र पुलीस के सहजोग मे सबैठवा नाका से तस्करी सुरु, एसपी खडका मौन

पोखरिया २३ कातिक

नेपाल आ भारत के सीमावर्ती क्षेत्रसब से सशस्त्र पुलीस के सहजोग मे तस्करी काम बढल बा । सशस्त्र पुलीस के कुछ भ्रष्ट पुलीसलोग तस्कर गिरोहसब संगे साटघाट कईला पर भी सीमावर्ती क्षेत्रसब से तस्करी काम सुरु करवले बा ।

पर्सा के सबैठवा नाका होत पुलीसब के सहजोग मे तस्करी काम सुरु भईल बा । तस्कर संगठनसब पुलीस से समन्वय करके नजराना देहला के बाद तस्करी के काम सुचारु भईल बा ।

सबैठवा नाका होत दिन पर दिन कपडा, स्टिल पितल, हार्डवयेर, केराव, छोहडा, चाउर, कबाड आ पटखा लगायत के तस्कर गिरोहसब स्थानीय बोर्डर आउट पोष्ट सबैठवा प्रमुख प्रहरी निरीक्षक प्रकाश भुजेल मासिक बुझला के बाद तस्करी के लाइन खोलले बाडन ।

नेपाल पुलीस आ सशस्त्र पुलीस के प्रमुखलोग आपन घुमवा प्रहरी परिचालन करके तस्करलोग से सेटिङ्ग मिलाके रखले बा ।

दिनके आ रात के समय मे हरेक दिन लाखो के मालसमानसब भारत के सिकटा के नावलाखापुल, कठियामठिया के रास्ता होत सबैठवा सीमा नाका होत आयात निर्यात हो रहल बा ।

स्थानीय बोर्डर आउट पोष्ट के मिलीभगत मे तस्करी काम बढला पर भी सीमा के मुख्य जिम्मेवारी बहन कर रहल सशस्त्र प्रहरी के उपरला निकाय ओकरा ओरी ध्यान ना देहल बतावल गईल बा ।

सशस्त्र प्रहरी बल नेपाल २ नम्बर बाहिनी के प्रमुख डिआइजी कृष्णभक्त ब्रम्हचार्य निरन्तर सीमा निगरानी मे लागके तस्करी काम रोकेके खोजला पर भी तस्कर संगठन रोपेया के लोभ मे उनका के भी मौन बनावल बतावल गईल बा ।

ब्रम्हचार्य के मौनता भईला के बाद तस्कर गिरोह सबैठवा नाका मे सक्रियता बढवले बाडन ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।