सप्तरी से लागूऔषध सहित दु जने पकडईलें

सप्तरी २४ कातिक
सप्तरी पुलीस लागूऔषध सहित दु जने युवक के पकडले बा ।
पकडाएवाला मे सप्तकोशी नगरपालिका–२ फत्तेपुरके ३५ बरीस के ब्रिटिस थापा मगर आ सप्तकोशी नगरपालिका–१ के ३० बरीस के भूमीराज थापा रहल बाडन ।
भारत से लागूऔषध लिया रहल अवस्था मे हनुमाननगर कंकालिनी नगरपालिका वार्ड नम्बर १४ स्थित रम्पुरा मल्हनियाँ से उलोग के पकडल गईल सप्तरी प्रहरी के प्रबक्ता भुवनेश्वर साह जानकारी देहनी ।
स.८ प ९०९५ नम्बर के मोटरसाइकल मे सवार दुनु जने के साथ से डाईजील्याब ५० एम्पुल, फेनारगन ५० एम्पुल आ लुपिजेसिक ५० एम्पुल बरामद भईल प्रबक्ता साह बतवनी ।
लोग के साथ से ७० हजार रोपेया नगद भी बरामद भईल बा ।
पकडाईल दुनु जने विरुद्व लागूऔषध मुद्दा मे आउर अनुसन्धान हो रहल पुलीस जनवले बा ।




