बारा के भरवलिया मे रहल राइस मिल मे आगलागी

प्रभु यादव
बारा १४ अगहन
बारा के भरवलिया स्थित एक राइस मिल मे आगलागी भईला पर करिब १ लाख ४० हजार मूल्य बराबर के नोक्सानी भईल बा ।
फेटा गाँवपालिका–१ भरवलिया टोल रहेवाला सुधिर पटेल से सञ्चालन कईल नितेश राइस मिल मे आगलागी भईला पर उ मूल्य बराबर के नोक्सानी भईल जिल्ला प्रहरी कार्यालय बारा के प्रवक्ता प्रहरी नायब उपरीक्षक गौतम मिश्र जानकारी देहनी ।
खर से छावल १ तल्ले घर मे सञ्चालित मिल मे अचानक आगलागी भईला पर घर के छानी पूर्ण रुप मे जरके नोक्सान भईल बा ।
एहितरे मोटर २ थान, धान ९ बोरा, ५ सय किलो गहुँ, २ बोरा धान के भुस भी जरके आंशिक नोक्सानी पुगल बा ।
दुपहरिया ४ बजे के समय मे लागल आगी पुलीस आ स्थानियबासी के प्रयास मे आधा घण्टा के बाद नियन्त्रण मे आईल रहे ।





