बच्चादनी के समस्या सम्बन्धि बतकही कार्जक्रम पुरा

वीरगंज ०१ फागुन

गैर सरकारी संस्था महासंघ नेपाल पर्सा के आयोजना मे आजु वीरगंज मे बच्चादानी सम्बन्धि समस्या एवम् यौन तथा प्रजनन् स्वस्थ्य अधिकार के सवाल बिस्तारित सम्बन्धि बतकही कार्जक्रम पुरा भईल बा ।

वातावरणिय कृषि तथा विकास केन्द्र काठमाण्डु के सहजोग मे प्रजनन् अधिकार कार्जक्रम अन्तर्गत नगर सभा गृह वीरगंज मे भईल कार्जक्रम के उदघाटन गैर सरकारी संस्था महासंघ नेपाल पर्सा के पूर्व अध्यक्षद्वय कमल मोहन पोखरेल आ सुरेश कुशवाहा संयुक्त रुप मे कईले रहनी ।

महासंघ पर्सा के अध्यक्ष छठु साह के अध्यक्षता मे भईल कार्जक्रम मे महासंघ प्रदेश नं. २ के सदस्य नरेश जयसवाल, महासंघ पर्सा के उपाध्यक्ष अर्चना गुप्ता, सचिव चन्देश चौहान लगायत के लोग आपन आपन बिचार रखले रहनी ।

महिला प्रजनन् अधिकार के क्षेत्र मे काम करेवाला पर्सा के १० गैर सरकारी संस्था के एक जनानी आ एक पुरुष प्रतिनिधि करके २० जने के सहभागिता रहल कार्जक्रम के सहजिकरण प्रशिक्षक ईश्वरी नेपाल, निर्मल साह, रमेश भटराई कईले रहनी ।

कार्जक्रम मे ब्रिलिएन्ट युवा क्लब कालिकामाई गाँवपालिका के संयोजकत्व मे ११ सदस्यीय बच्चादानी के समस्या एवं यौन तथा प्रजनन् स्वास्थ्य संजाल गठन भी कईल गैर सरकारी संस्था महासंघ नेपाल पर्सा के कोषाध्यक्ष मनोज यादव बतवनी ।

जउन संजाल के सदस्य मे अरुणोदय युवा क्लब, दिब्य युवा क्लब, समाजिक संस्था जिल्ला समन्वय समिति, नारी सिप कला केन्द्र, सुर्याेदय युवा क्लब, युवा जनशक्ति समाज नेपाल, न्यु नमुना युवा क्लब, एसडिसीसी, त्रिनेत्र युवा क्लब आ किड संस्था रहल कोषाध्यक्ष यादव जानकारी देहनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।