सात जने मन्त्रीलोग देहलें सामूहिक राजीनामा

काठमाण्डु, ५ पुस

प्रधानमन्त्री केपी शर्मा ओली नेतृत्व के मन्त्रिपरिषद् मे रहल सात जने मन्त्री आजु सामूहिक राजीनामा देहले बानी । सिंहदरबार मे पत्रकार सम्मेलन के आयोजना करके उलोग राजीनामा देहले बानी ।

प्रधानमन्त्री ओलीद्वारा प्रस्तुत प्रतिनिधिसभा के विघटन के प्रस्ताव मे खुदसब के असहमति रहल कहत राजीनामा देहल उलोग पत्रकार सम्मेलन मे जानकारी देहनी ।

उ अवसर मे वितरित प्रेस नोट मे कहल गईल बा, “प्रतिनिधिसभा के विघटन के प्रस्ताव के रोके खातिर हमनी के ओरी से अधिकतम प्रयास भईल भी सार्वजनिक हि बा ।

गैरसंवैधानिक, अलोकतान्त्रिक, जनादेश विपरीत तथा राजनीतिक मूल्य आ स्थिरता के प्रतिकूल होखेवाला किसिम से चालल कदम उपर गम्भीर अहमति जनावत हमनी मन्त्री पद से राजीनामा देहले बानी ।”

देश के राजनीति आ पार्टी उपर आईल ई अकल्पनीय स्ङ्कट के अवस्था मे नेपाली जनता के त्याग आ बलिदान से आर्जल राजनीतिक उपलब्धि आ पार्टी एकता के बँचावे खातिर खुदसब हरदम जईसन प्रतिबद्ध आ सक्रिय रहेके उलोग के कहनाम बा ।

अईसे राजीनामा देवेवाला मे शिक्षा, विज्ञान तथा प्रविधिमन्त्री गिरिराजमणि पोखरेल, ऊर्जा, जलस्रोत तथा सिँचाइमन्त्री वर्षमान पुन, कृषि पशुपक्षी विकासमन्त्री घनश्याम भुसाल, संस्कृति, पर्यटन तथा नागरिक उड्डयनमन्त्री योगेशकुमार भट्टराई, वन तथा वातावरण मन्त्री शक्तिबहादुर बस्नेत, श्रम, रोजगार तथा सामाजिक सुरक्षामन्त्री रामेश्वरराय यादव आ खानेपानी तथा सरसफाइमन्त्री बिना मगर बानी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।