नगरवासी के विद्युत महसुल तिरेके बौधिमाई नगरपालिका के निर्णय

मेवालाल यादव
रौतहट ०६ पुस
रौतहट के बौधिमाई नगरपालिका नगरवासी के विद्युत महसुल तिरेके व्यवस्था कईले बा ।
चउथका नगरसभा से बौधिमाई नगरपालिका नगर भितर के सभी उपभोक्ता के विद्युत महसुल तिरेके निर्णय पारित कईले बा ।
जिल्ला मे रहल १८ स्थानीय तह मेसे अभी तक केहु भी सर्वसाधारण जनता के विद्युत महसुल तिरेके निर्णय करे ना सकल अवस्था मे बौधिमाई नगरपालिका दुसरका बेर सर्वसाधारण के विधुत महसुल तिरेके निर्णय कईले बा ।
आपन चउथका नगरसभाद्धारा नगरपालिका नगर के समग्र विकास के खातिर ५१ करोड से बेसी बजेट पारित कईले बा ।
नगरसभा से ई चालु आर्थिक बरीस के खातिर निर्धारण कईल आपन निती तथा कार्जक्रम मे हि ई बरीस से नगर के सभी जनता के विद्युत महसुल नगरपालिका से हि तिरेके व्यवस्था कईले बा । आम नागरिक के विद्युत महसुल तिरे खातिर नगरपालिका बजेट विनियोजन कईले बा ।
बहुते गरिव परिवार गरीबी के चलते ४ बरीस तक के विजुली महसुल अभी भी तिरे ना सकल तथा विपन्न वर्ग के विधुत महसुल तिरेमे समस्या होत अईला से गरिव से लेके धनी तक के विधुत महसुल अब नगरपालिका से हि तिरेके व्यवस्था कईल नेपाल के सब से छोट उमिर के युवा मेयर राजिव रन्जन उर्फ राजु यादव बतवनी ।
ई बरीस से खुद मेयर रहे तक केहु के भी विधुत महसुल तिरेके ना पडि आ उ महसुल नगरपालिका से हि तिरेके मेयर यादव बतवले बानी ।
ई बरीस के निती तथा कार्जक्रम मे नगर के अनेकन जगहा मे भौतिक पुर्वाधार निर्माण, शिक्षा, स्वास्थ्य, कृषि लगायत काम के विशेष प्राथमिकता देहल मेयर यादव बतवनी ।
जनता के विधुत महसुल तिरेके निर्णय बौधिमाई नगरपालिका के बहुते सराहनीय रहल कहत नगरवासी नगरपालिका के धन्यवाद देहले बाडन ।
जिल्ला मे ऐतिहासिक योजना बौधिमाई नगरपालिका आपन चउथका नगरसभा से सभी नगर भर के किसानलोग के कृषि मिटर के विधुत महशुल खुदे तिरेके निति लिआईल बा ।
नगरपालिका जनता के विधुत महसुल तिरेके निर्णय कईला के बाद बौधिमाई नगरवासी बहुते खुसी होत मेयर यादव आ उपमेयर प्रेमलाता कुशवाहा, नि. प्रमुख प्रशासकिय अधिकृत रामेश्वर राय यादव के धन्यवाद देहले बाडन ।






