पाँच बरीस बितला के वाद भी नापी कार्यालय सुरू होखे ना सकल, घर भाडा तिरत आरहल

प्रभु यादव

बारा ०६ पुस

बारा के सिम्रौनगढ मे पाँच वरीस पहिले नापी कार्यालय आ मालपोत कार्यालय के शाखा राखे के निर्णय कर के व्यवस्था कईल गईल रहे ।

२०७२ साल मे कार्यालय स्थापना कर के सञ्चालन करेला कर्मचारी पेठावल गईल जवन अभि तक सञ्चालन मे ना आईला से सेवाग्राही के सास्ती होरहल सिम्रौनगढबासी के सिकायत रहल बा ।

सिम्रौनगढ से नापी आ मालपोत कार्यालय के काम करावे खातिर २५ किलोमिटर चल के कलैया पुगे के परेला काम ना भईला पर समय आ खर्च बेकार होजाला जवना से सेवाग्राही लोग परेसानी भोग रहल नगर प्रमुख विजयशकर यादव जनकारी करावले बानी ।

नापी आ मालपोत कार्यालय के कर्मचारी लोग के लपरवाही के कारण सञ्चालन होखे ना सकल आरोप मेयर यादव लगवले बानी । कर्मचारी सब पहुते दुर से आईल सेवाग्राही सब से काम करेला पइसा लेके काम करेलन जवन सिम्रौनगढ मे नामली जवना खातिर जाए के ना चाहत बाडन मेयर यादव जनकारी करावले बानी ।

कार्यालय के खातिर भाडा तिरहल बाटे माकीर ना सञ्चालन मे लियारहल जवना खातिर केन्द्र मे जनकारी करावले बानी ना कईला पर अब आन्दोलन करे के परी जनता सब से सुझाव आरहल बा बाध्य होके करेके परी यादव जनकारी करावले बानी ।

सिम्रौनगढ शाखा नापी कार्यालय के नियमित प्रमुख रामप्रमोद राउत से जनकारी कईला पर नापी कार्यालय सञ्चालन करे के खातिर पूरा तयारी बा माकीर मालपोत कार्यालय ना गईला से कलैया मे शाखा राख के काम काज कररहल बतवले बानी ।

२०७२ साल पुस महिना मे सिम्रौनढ मे कार्यालय सञ्चालन करेला आठ जने कर्मचारी आईल रहल । कार्यालय खातिर सिम्रौनगढ मे सञ्चालन करे खातिर घर भाडा के महिना के २२ हजार देते आरहल बा प्रमुख राउत जनकारी करावले बानी ।

एक वरीस के वाद कार्यालय सञ्चालन ना होखे सकला के वाद कलैया मे शाखा राख के काम काज करहल जारहल राउत जनकारी करावले बानी ।

सिम्रौनगढ नगरपालिका, पचरौता नगरपालिका, सुवर्ण गाँवपालिका के पहिलका गाँव विकास समिति २७ गो के कामकाज कईल जारहल प्रमुख राउत जनकारी करावले बानी ।

बेल्दारी, पिपरपाती, पकडीया, सिम्रौनगढ, कचोर्वा, भगवानपुर, पटेर्वा, कुडवा, बेनौली, हर्दिया, कबहीगोठ, मझरीया, बडकीफुलवारीया, पिपरपाती गोठ, विसुनपुर श्रीनगरबैरीया, देवापुरी, इनर्वामाल, लक्ष्मीपुर कोतवाली, पिपराविर्ता, पशुरामपुर, महेन्द्र आदर्श, जयनगर चिउटहा, टेढाकट्टी आ बगही लगायत के पञ्चायत सब शाखा से काम काज कईल जारहल प्रमुख राउत जनकारी करावले बानी ।

आपन शाखा मे चार जने स्थायी कर्मचारी आ चार जने करार के रहल बाडन जवना मे से एक जने सिम्रौनगढ मे घर के राखवारी करत बाहर से आईल चिठीपत्र के बुझे के आ आपना के जनकारी करावे के करहल प्रमुख जनकारी करावले बानी ।

मालपोत कार्यालय के प्रमुख रामकृष्ण उप्रेती से जनकारी लेहला पर कर्मचारी के कमी भईला से सिम्रौनगढ मे कार्यालय सञ्चालन ना होरहल जानकारी करावले बानी ।

विभाग से अब कार्यालय ना सारे के आ स्थानिय सब के अधिकार मे रहे के व्यवस्था होरहल सुनल जारहल जानकारी देहनी । कार्यालय भाडा मे लेके भाडा तिरात रहल माकीर सावन महिना से सम्झौता टुटला से ना तिरे के काम होरहल उप्रेती जनकारी करावले बानी ।

बारा के सिमरा मे शाखा सञ्चालन करे के भईल निर्णय कार्यन्वयन भईल माकीर सिम्रौनगढ मे ना भईल राजनिति होरहल स्थानिय बुद्धिजिवी लोग के बुझाई रहल बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।