बहुत दिन से सघर्ष कर के लियावल उपलब्धि डुबावे मे लागल बाडन ओली : नेता पोखरेल

प्रभु यादव
बारा १२ पुस
नेपाल कम्युनिष्ट पार्टी के स्थायी कमिटी सदस्य तथा निर्वतमान शिक्षा मन्त्री गिरीराजमणी पोखरेल बहुत दिन से सघर्ष कर के लियावल गईल उपलब्धि डुबावे मे लागल बाडन प्रम ओली कहके बतवले बानी ।
बारा के कलैया मे अगुवा कार्यकर्ता भेला के सम्बोधन करत पोखरेल जनकारी करावले बानी । सँसद बिघटन के कदम त्रिकोणिय ना भईला से समय मे सभे राजनितिक दल एकजुट होके नेपाल के सँबिधान के खतरा मे परे से रोके के मन्त्री पोखरेल कहनी ।
नेकपा के जनता से दु तिहाई के बहुमत मिलल आ प्रधानमन्त्री केपी शर्मा ओली ओकरा के असंबैधानिक अउरी गैर संबैधानिक तरिका से सँसद बिघटन कर देहल मन्त्री कहनी । प्रधानमन्त्री के अलोकतान्त्रिक कदम से पुरे देश के ध्वस्त करे के काम भईल मन्त्री पोखरेल जनावले रहनी ।
असंबैधानिक कदम के बिरोध करत सँसद बिघटन भईल दिन अपना गायत बिभागिय सात जने मन्त्रि लोग राजिनामा देके जनता के बिच मे आईल बात निबर्तमान शिक्षा मन्त्रि पोखरेल जानकारी देहनी ।
नेपाल मे तीन तह के सरकार कायम करेला तराई मधेश के जनता के बहुते भुमिका रहल बा जवना देश के समान्तबाद ओर लेजाए के आ जनादेश स्थापना करावे खातिर समपुर्ण राजनितिक दल सँगे सहकार्य करे के आ खास कर के तराई मधेश के जनता जागरुक होखे के परल जोड मन्त्री पोखरेल के रहे ।
नेकपा के नेता पुर्व मन्त्रि पुरुषोतम पौडेल प्रधानमन्त्रि के सँसद बिघटन करे के अधिकार ना भईल जनकारी देहले रहनी । संविधान मे ना भईल बात प्रधानमन्त्रि से कईल गईल पुर्ण रुप मे गैरसबैधानिक कदम भईल जनकारी देहनी ।
अगुवा कार्यकर्ता भेला मे नेकपा के नेता सँविधान सभा सदस्य तथा नेकपा बारा के सह सँयोजक डाक्टर गोपाल ठाकुर सँसद बिघटन असंबैधानिक भईल उदघोष करेवाला लोग रातेरात प्रधानमन्त्रि के चम्चा बन के मन्त्रि भईल बात पर जनता के बिचार करेवाला बात रहल बा कहनी । झुठ के विरोध करेवाला उलोग कवन मुख लेके जनता के सामने जाई सोचेवाला बात रहल बा ।
नेकपा बारा के अध्यक्ष क्षेत्रबहादुर श्रेष्ठ के सभापतित्व मे भईल कार्जक्रम मे नेकपा के केन्द्रिय सदस्य दिनेस राई, संविधान सभा सदस्य शिवचन्द्र कुशवाहा, बिभा कार्की, प्रदेस कमिटी सदस्य प्रभु यादव, पुर्व जिल्ला सभापति छठु यादव लगायत के नेता लोग आपन–आपन विचार राखले रहलन ।





